पर्सा मे पिछिलका दु बरीस मे आपराधिक घटना बढल

वीरगंज ०३ सावन
पर्सा मे पिछिलका दु आर्थिक बरीस के बराबरी मे बितल आर्थिक बरीस मे आपराधिक घटना मे वृद्धि भईल बा । जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा से सार्वजनिक कईल तथ्यांक मुताविक पर्सा मे बितल आर्थिक बरीस २०७७÷७८ मे आपराधिक घटना मे वृद्धि भईल बा ।
प्रहरी कार्यालय के तथ्यांक मुताविक बितल आर्थिक बरीस २०७७÷७८ मे १ हजार १७३ गो अनेकन किसिम के अपराध के घटना दर्ता भईल बा । आर्थिक बरीस २०७६÷७७ एक हजार ८१ आ २०७५÷७६ मे ९४४ गो आपराधिक घटना दर्ता भईल रहे ।
जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा के प्रवक्ता प्रहरी नायब उपरीक्षक ओमप्रकाश खनाल के मुताविक आव २०७७÷७८ मे दर्ता भईल १ हजार १७३ घटना मे संलग्न १ हजार ११३ जने अभियुक्त के पकडके कानूनी कारबाही के दायरा मे लियावल गईल बा ।
जउना मेसे २० जने जनानी सहित १ हजार ९२ जने नेपाली नागरिक आ १ जने जनानी सहित ७४ जने विदेशी नागरिक बाडन । ४० जने जनानी सहित ७४७ जने अभियुक्त अभी भी फरार रहला से उलोग के खोजी हो रहल प्रवक्ता खनाल बतवनी । फरार मेसे ६९४ जने पुरुष तथा ४० जने जनानी नेपाली नागरिक आ १३ जने विदेशी नागरिक बाडन ।
नेपाली भूमि मे अपराध करके भारत मे चोरालुका के रहेमे सहज भईला से पर्सा मे फरार अभियुक्त के संख्या बेसी हि देखल गईल बा । जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा से देहल जानकारी मुताविक आर्थिक बरीस मे ७८ फरार प्रतिवादी आ ८० फरार अभियुक्त पकडाईल बाडन ।
आत्महत्या के घटना बढल
पिछिलका दु बरीस के बराबरी मे आर्थिक बरीस २०७७÷७८ मे आत्महत्या करेवाला के संख्या मे वृद्धि भईल बा । बितल आर्थिक बरीस मे पर्सा मे ११७ जने आत्महत्या कईले बाडन ।
आव २०७६÷७७ मे १०५ आ आर्थिक बरीस २०७५÷७६ मे ७७ जने आत्महत्या कईल घटना प्रहरी कार्यालय मे दर्ता भईल रहलन । सामान्यतया विष सेवन आ फाँसी लटक के आत्महत्या कईला मे पर्सा मे देह मे आगी लगाके तथा उँच जगहा से कुद के भी आत्महत्या कईल घटना सार्वजनिक भईल बा ।
कर्तव्य ज्यान, ज्यान सम्बन्धी, ज्यान मारेवाला उद्योग, सवारी ज्यान, नागरिकता सम्बन्धी, लागू औषध, कुटपिट अंगभंग, चोरी आ ठगी तथा संगठित अपराध के घटना मे वृद्धि भईल जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा के तथ्यांक देखवले बा ।
पुलीस पशुपंक्षी, ईलाज तथा सावर्जनिक न्याय विरुद्ध, आपराधिक विश्वासघात के कसूर मे भी मुद्दा दर्ता कईले बा ।
एक बरीस मे ४२ गो बलात्कार के घटना
पर्सा मे बितल आर्थिक बरीस मे ४२ गो बलात्कार के घटना भईल बाडन । जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा के तथ्यांक मुताविक आर्थिक बरीस २०७७÷७८ मे पर्सा मे ४२ गो बलात्कार के घटना भईल बा ।
करणी उद्योग आ बाल यौन दुरुपयोग के ७÷७ गो घटना बा आ अप्राकृतिक मैथुन के एगो घटना के भी मुद्दा दर्ता भईल जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा के प्रवक्ता प्रहरी नायब उपरीक्षक ओमप्रकाश खनाल जानकारी देहनी ।
पर्सा मे आर्थिक बरीस २०७६÷७७ मे ३९ आ २०७५÷७६ मे ३३ गो बलात्कार के घटना दर्ता भईल रहे । जर्बजस्ती करणी उद्योग के दुनु आर्थिक बरीस मे समान ४÷४ गो घटना दर्ता भईल बा । २०७७÷७८ मे जबर्जस्ती करणी के बाद ज्यान मारेवाला उद्योग आ अपहरण तथा जबर्जस्ती करणी के २÷२ गो मुद्दा दर्ता भईल बाडन । २०७६÷७७ मे बाल यौन दुरुपयोग के ५, अप्राकृतिक मैथुन आ यौन दुव्र्यवहार के १÷१ गो मुद्दा दर्ता भईल बाडन ।
मुलुकी अपराध संहिता के परिच्छेद १८, दफा २१९ आ उपदफा २ मे १८ बरीस से कम उमिर के लइकी सँगे मञ्जुरी मे करणी कईला पर जबर्जस्ती करणी भईल मानेके उल्लेख बा ।






