गृह जिल्ला रौतहट के चन्द्रपुर मे युवा संघद्धारा माधव नेपाल के पुत्ला दहन

मेवालाल यादव
रोतहट ०५ सावन
रौतहट जिल्ला मे नेकपा एमाले के भातृ संगठन युवा संघ रौतहट एमाले के बरिष्ठ नेता तथा पुर्व प्रधानमन्त्री माधव नेपाल के पुत्ला जरवले बाडन । रौतहट जिल्ला के चन्द्रनिगाहपुर मे एमाले के बरिष्ठ नेता तथा पुर्व प्रधानमन्त्री माधव नेपाल के पुत्ला दहन के साथे अनेकन नारा लगावत बिरोध प्रदर्शन कईले रहलन ।
मंगर के दिने युवा संघ नेपाल के कार्यकर्ता तथा अनेरास्वबियु वरिष्ठ नेता नेपालविरुद्ध चन्द्रनिगाहपुर स्थित उनकर घर अगाडि अनेकन नाराबाजी करत पुत्ला दहन कईले बाडन । आपन पार्टी के अध्यक्ष केपी शर्मा ओली बिरुद्ध लाग के प्रधानमन्त्री शेरबहादुर देउवा के माधव नेपाल सहित के नेतालोग विश्वास के मत देहला के बाद रौतहट मे नेपाल के पुत्ला दहन कईल युवा संघ रौतहट के संयोजक रवि राना मगर जानकारी देहनी ।
युवा संघ के कार्यकर्ता सांकेतिक रुप मे नेता नेपाल के दाहसंस्कार भी कईले बाडन । माधब नेपाल के गद्दारी आ अन्तरघाती बिरुद्ध खुदसब आन्दोलन मे उतरल नेकपा एमाले चन्द्रपुर नगर कमिटि के सचिब राजेन्द्र तिवारी बतवनी ।






