अनुदान के रसायनिक खाद सहर बजार मे कालाबजारी, गाँव के किसान पिडा मे

प्रभु यादव

बारा १० भादो

बारा मे धान खेती मे छिटेला रसायनिक युरिया खाद के कमि भईल बा । नेपाल सरकार से अनुदान मे देहल युरिया खाद सदमुकाम कलैया के बजार मे ब्लेक मे बेचा रहल माकिर गाँव के किसन खोजिमे घुमरल अगुवा किसान सब के सिकायत रहल बा ।

माहागढीमाई नगरपालिका बरियापुर के सियाराम कुशवाहा आपने जगह मे युरिया खाद ना मिलला से कलैया के बजार मे रहल खाद दुकान के नाम ना बतावे के कहत एक बोरा के एक हजार तीन सय मे किन के लेजाए मे बाध्य भईल जनकारी करावले बानी । नेपाल सरकार से अनुदान मे आईल नेपाली युरिया गाँव के डिलर मे किनला पर आठ सय ६० रोपेया मे मिलेला उहे खाद कलैया बजार के दुकान से लेहला पर बलेक मे महगा मे किन के खेत मे छिटे के परहल दुख कुशवाहा सुनावले बानी ।

खेत मे उब्जावल अन्न व्यपारी सब आपना भाव से किनेला आ खेत मे छिटेवाला खाद आपने दाम से बेचेला ओकरण से आम्दानी ना होरहल बा आवेवाला समय मे खेती ना करे के मनसाय बनावले बानी कुशवाहा दुख सुनावत कहनी ।

पचरौता नगरपालिका वार्ड नम्वर ७ बेनौली के रंजित यादव आपना सब के गाव मे युरिया खाद ना मिलरहल बा आ भारत से पुलिस सब लेयावे मे रोक लगावला से कलैया के बजार मे से नेपाली युरिया बोरा के एक हजार दु सय मे किन के खेत मे छिटे के बाधय भईल बतावले बानी ।

कृषि समाग्री कम्पनी लिमिटेड कलैया शाखा के प्रमुख पुरूषोतम कुमार सिह नेपाल सरकार से अनुदान के खाद आपन जगह भईल बारा के १६ पालिका मे रहल डिलर सब के देहत आईल रहनिह अभि कलैया मे ना भईला से देवे ना सकल जारहल जनकारी करावले बानी ।

कलैया विक्री केन्द्र मे रहल डिलर के प्रस्तत खाद रहल तवना समय सभे के हरेक हप्ता एक सय बीस बोरा डिएपी, युरिया आ पोटास मिला के देत आईल रहनिह जनकारी देहनी । अभि के समय मे कमि आएल बेर बेसी रहल डिलर पालिका मे प्रति डिलर ४० बोरा आ कम भईल डिलर के पालिका मे एक सय बोरा देत आईल रहनी प्रमुख सिह जनकारी करावले बानी ।

वितल हप्ता मे सभे डिलर के बार के अधार पर खाद देहल जाला जवना मे से कुछ लोग के विल कटल बा माकिर युरिया देवे ना सकल लोग के वीरंगज प्रदेशिक कार्यालय से जईसे जईसे आरहल बा ओईसही देरहल बानी सिंह जनकारी करावले बानी ।

आपना जगह एक हजार आठ सय बोरा युरिया के विल कटल बा माकिर एक हजार पाँच सय बोरा मातरे आवेवाला जनकारी भईल बा तीन सय बोरा खातिर प्रदेशिक कार्यालय वीरंगज मे आपनहु माग करहल बानी सिह जनकारी करावले बानी । अन्तरास्ट्रिय देश से खाद ढुवानी ना होखे सकला से खाद के कमि भईल केन्द्रीय कार्यालय से जनकारी आईल प्रमुख सिंह जनकारी करावले बानी ।

देश मे रहल माग के एक चौथाई खाद विदेश आईला से कमी होरहल सिह जनकारी देहले बानी । ढुवानी खातिर बहुते टेन्डर भईल माकिर रद भईला से ढिलाई भईल केन्द्रीय कार्यालय से जनकारी करावल गईल प्रमुख सिह जनकारी करावले बानी ।

नेपाल सरकार से पहल होरहल बा ढुवानी होते सहज बने के प्रमुख जनकारी करावले बानी । स्थानिय सरकार से आपन आपन पालिका मे अनुगमन ना कईला से बलेक मे विक्री होरहल होई नाकारल ना जा सकल जाता माकिर पालिका लोग आ आपन ठाव मे अनुगमन कर के बलेक मे बेचेवाला डिलर के कारवाही करे के परल प्रमुख सिह जनकारी करावले बानी ।

कलैया उपमहानगरपालिका के कृषि शाखा प्रमुख सुरेश धमला से पुछलापर कृषि समाग्री कम्पनी से डिलर सब लेगईल खाद के विवरण आ बेचल विवरण आईला पर अनुगमन करे के सुरूवात कईल जाए के जनकारी करावले बानी ।

नेपाल सरकार कृषि मन्त्रालय के उपसचिव गंगा अचार्य युरिया खाद किसान सब के धान बाली मे पुगे तक के रहल बा स्थानिय जगह मे ढुवानी करे मे कुछ समस्या भईला से पुगे ना सकल जनकारी करावले बानी ।

कुछ जिल्ला मे युरिया खाद के कमी भईल जनकारी आईल बा आवे वाला देश से पहल होरहल बा आवते पठावे के काम करे के आचार्य जनकारी करावले बानी । खाद ढुवानी के खातिर भईल समझौता रद भईला से कमी भईल अचार्य जनकारी करावले बानी ।

कलैया उपमहानगरपालिका वार्ड नम्वर ४ मे रहल न्यु यादव बिज भण्डार के सञ्चालक विश्वनाथ यादव कृषि समागरी कम्पनी के विक्रेता डिलर भईला से आपना जगह दिन मे सयो के सख्या मे किसान खाद पुछे आरहल बतावत जवना समय मे हप्ते पिछे मिलत रहल ओ समय मे कुछे किसान आवत रहलन जवना के कारण कवनो कवनो हप्ता मातरे खाद लेहल जात रहल जनकारी करावले बानी ।

युरिया खाद सात सय साठी मे कलैया विक्री केन्द्र से लिया के पालिका से तोकल दाम आठ सय साठी मे बेचत आईल जनकारी करावले बानी ।

राष्ट्रिय कृषक समूह महासंघ नेपाल के प्रदेश नम्वर २ के सभापति मुक्तिनारायण यादव से युरिया खाद के कमि भईल बा आपने सब का करहल बानी जवना के सरकार के दवाव देरहल बानी समय मे ढुवानी करे के पर जल्दी से जल्दी खाद लेया के किसान सब के आवश्यकता पूरा करे के जानकारी करावले बानी ।

बारा मे कवन खाद केतना माग बा ओकर कृषि समाग्री कम्पनी आ कृषि ज्ञान केन्द्र मे सहि डटा ना रहल जनकारी भईल बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।