ठोरी–४ मे जसपा के श्रद्धाञ्जली कार्जक्रम

मेघराज राय

जिराभवानी १६ भादो

जनता समाजवादी पार्टी ठोरी गा.पा.–४ मे आजु श्रद्धाञ्जली सभा पुरा कईले बा । पार्टी के केन्द्रिय सदस्य अन्जान शाक्य एवम् जिल्ला के नेताकार्यकर्तालोग के उपस्थिति मे शान्तिटोल मे श्रद्धाञ्जली सभा पुरा कईल जसपा ठोरी –५ के संयोजक बिमल प्रधान जानकारी देहनी ।

ठोरी के जसपा युवा नेता बिष्णु लोप्चन के मेहरारु छेवाङ तामाङ के निधन भईल १३ वाँ दिन के पुण्य तिथि के अवसर मे पार्टी से कार्जक्रम के आयोजना कईल नेता प्रधान जानकारी देहनी । नेता लोप्चन के मेहरारु छेवाङ्को बितल भादो ४ गते ईलाज के समय मे निधन भईल रहे । उनकर जसपा नेतृ हिसिला यामी, नेता आङ्काजी शेर्पा, अन्जान शाक्य लगायत पार्टी के झण्डा ओढाके बौद्ध संस्कृति मुताविक अन्त्यष्टी कईल रहे ।

१३ वाँ दिन के पुण्य तिथि मे आयोजना कईल कार्जक्रम मे जसपा पर्सा उपाध्यक्ष जरी लामा, नेतालोग मोहनलाल चौधरी, विरेन्द्र यादव, जनार्दन यादव, बिमल प्रधान लगायत के सहभागीता रहल रहे ।

एहितरे आजु हि जसपा ठोरी –४, आठघरे मे अगुवा नेताकार्यकर्तालोग से बतकही कार्जक्रम कईले बा । कार्जक्रम मे जसपा के नेतालोग पछाडी पारल समुदाय के उत्थान करे सकेके आ सभी के समेटे सकेके एकमात्र पार्टी जसपा भईल दाबी कईले रहलन ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Check Also

Close
Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।