वीरगंज मे डेढ महिना के बाद कोरोना से १ जने के मृत्यु

वीरगंज १७ भादो

वीरगंज मे करिब डेढ महिना के बाद बियफे के दिने एक जने कोरोना संक्रमित के मृत्यु भईल बा । नारायणी अस्पताल मे ईलाज करा रहल पर्सा के पोखरीया नगरपालिका १ के ३३ बरीस के पुरुष के बियफे के सबेरे मृत्यु भईल बा ।

अस्पताल के कोभिड वार्ड मे ७ दिन से ईलाज करा रहल उ पुरुष के बियफे के सबेरे पौने २ बजे मृत्यु भईल अस्पताल के कोभिड संयोजक डाक्टर उदयनारायण सिंह जानकारी देहनी । भादो १० गते कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल उ पुरुष के उहे दिन नारायणी अस्पताल मे भर्ना कईल रहे । ओकरा बाद पिछिलका बेर बितल असार २७ गते नारायणी अस्पताल मे ईलाज करा रहल पर्सा के सखुवा प्रसौनी गाँवपालिका १ के ६० बरीस के संक्रमित जनानी के मृत्यु भईल रहे ।

डाक्टर सिंह के मुताविक ओकरा एने वीरगंज मे केहु भी संक्रमित के मृत्यु भईल ना रहे । नारायणी अस्पताल के कोभिड वार्ड मे अभी १ जने संक्रमित मात्र ईलाज करा रहल बाडन । जिल्ला प्रशासन कार्यालय पर्सा के मुताविक पर्सा जिल्ला मे अभी सक्रिय संक्रमित के संख्या १० जने मात्र बा । उ मेसे ९ जने अपने घर के होम आइशोलेसन मे रहल बाडन ।

दुसरका लहर मे वीरगंज मे पर्सा आ आउर जिल्ला के करके अभी तक ३ सय ४१ जने संक्रमित के मृत्यु भईल बा । उ मेसे पर्सा जिल्ला के १४० जने आ आउर जिल्ला के २०१ जने रहल जिल्ला प्रशासन कार्यालय पर्सा के कोभिड सम्पर्क व्यक्ति विनय श्रीवास्तव जानकारी देहनी ।

पहिलका लहर के संक्रमण के समय वीरगंज मे ८६ जने ज्यान गँवईले रहलन ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।