मोटरसाइकल चोरी करेवाला पकडइलें

प्रभु यादव
बारा १७ भादो
मोटरसाईकल चोरी करेवाला आदमी के पुलीस पकडले बा । बारा के प्रसौनी गाँवपालिका वार्ड नम्वर १ लगे रहल शिवपार्वती धर्मकाटा लगे बुभ के दिने चेक जाँच करे के समय मे मोटरसाईकल सहित चोर पकडाईल प्रहरी प्रवक्ता गौतम मिश्र जनकारी करावले बानी ।
बुधवार के रात मे २ः०० बजे के समय मे प्रसौनी गा.पा. वडा नं.४ खुटवा टोल ससे महबुब मियाँ अंसारी के घर के बरण्डा मे राखल ना ३६ प ३०२५ नम्बर के सिबि साइन मोटरसाइकल चोरी भईल खबर प्राप्त भईला साथेही जिल्ला प्रहरी कार्यालय मातहत प्रहरी इकाइ सब मे जिल्ला बाहर जाएवाला नाका सब सिल कर के चोरी भईल मोटरसाइकल आ चोरी करेवाला के नियन्त्रण लेवेला कईल गईल निर्देशन बमोजिम इलाका प्रहरी कार्यालय प्रसौनी बारा से खटिल प्रहरी टोली चेक जाँच कर के पकडल प्रवक्ता मिश्र जनकारी करवाले बानी ।
पकडाई प्रसौनी गाँवपालिका वार्ड नं.१ के २२ बरीस के सुरज राम चोरी भईल मोटरसाइकल सहित पकडाईल प्रहरी प्रवक्ता मिश्र जनकारी करावले बाडन । पकडाईल राम के चोरी मुद्दा मे बारा जिल्ला अदालत से पहिलका बेर ७ दिन के म्याद अनुमति लेके हिरासत मे राख के आउर अनुसनधान कईल जारहल बारा प्रहरी जनकारी करावले बा ।






