स्वच्छ पिएवाला पानी मिलला से बसतपुर बासी खुशी

प्रभु यादव
बारा २ कुवार
बारा के कलैया उपमहानगरपालिका वार्ड नम्वर २० बसतपुर मे स्वच्छ पिएवाला पानी टंकी के उदघाटन भईल बा ।
स्वच्छ पियेवाला पानीटंकी के उदघाटन भईला पर घर घर मे पानी पुगला से बसतपुर बासी खुशी भईल बानी । पहिले हाथ से चलावेवाला पम्प कल मे से पानी पियला से विमार परत रहनीहवे अब बहुते विमारी से बचे सकेके सुनल जाला जवन आपना सब के मिलल कहत बसतपुर गाँव के लोग खुशी मनारहल बा ।
बसतपुर खानेपानी तथा सरसफाइ योजना के उदघाटन करत प्रमुख अतिथि प्रदेश २ के खानेपानी तथा उर्जा मन्त्री ओमप्रकाश शर्मा बसतपुर बासी खातिर बनल पानीटंकी से पिएला पानी ना पुगी त छव महिना मे दुसर टंकी बनादेवे के वचन देहले बानी ।
टंकी बनावला से ना भईल पानी पिएवाला आदमी के पहुच पुगे के परल नात हमनी समाज मे टंकी के पानी पिएवाला लोग बहुते कम मिलेला काहे कि बसिया पानी रहल कह के छोड देवेला मन्त्री शर्मा जनकारी करावले रहनी ।
संचार क्षेत्र आ विद्यालय के खातिर निशुल्क विजुली लियावेला उर्जा के माध्यम से जल्दीही पहुच पुगावे के काम करे के मन्त्री जनकारी करावले बानी । कार्जक्रम के विशिष्ट अतिथी कलैया उपमहानगरपालिका के मेयर राजेश राय यादव हर नागरिक के स्वच्छ पिएवाला पानी आ सरसफाई के पहुच होखेके हक रहल जवना के पुहुचावेला काम कईल गईल बतावले बानी । कलैया उपमहानगरपालिका के वार्ड नम्वर १ आ २० मे खानेपानी टंकी बनावे के काम कईल जारहल जवना मे बसतपुर के आज उदघाटन कर के जनता लोग के जिमा लगावल गईल यादव जनकारी करावले बानी ।
बसतपुर मे जनता लोग के साहस आ लगनशीलता से पानी टंकी के निर्माण भईल आ सञ्चालन मे आईल बा ओईसही रास्ता के खातिर लागे के जवना से आपन सहयोग हरदम रहे के मेयर यादव जनकारी करावले बानी । जन जागरण युवा क्लव के कार्यकारी निर्देशक श्रीनिवास बैठा परियोजना के प्रगती विवरण सुनावत पानी टंकी के निर्माण ८० लाख ८४ हजार नव सय ७४ रोपेया १७ पईसा के लागत मे तयार भईल जवना से एक सय ८५ घरधुरी के पानी पियेला पहुचल जनकारी करावले रहनी ।
युनिसेफ नेपाल के ६१ लाख २० हजार नव सय १० रोपेया ४० पईसा, कलैया उपमहानगरपालिका के ११ लाख ७८ हजार चार सय ३८ रोपेया २६ पईसा आ समुदाय के जनर्वदान सात लाख ८५ हजार छव सय २५ रोपेया ५१ पईसा के योगदान मे त्रिपक्षीय समझौता मे टंकी बनावल गईल बैठा जनकारी करावले बानी । जन जागरण युवा क्लव के उपाध्यक्ष राजदेव साह परियोजना कोरोना विमारी के चुनौती लकडाउन बर्षात से सघर्ष करत सरोकारवाला के सहकार्य से निर्माण करे मे सफल भईल जनकारी करावले रहनी ।
नरेश साह के सञ्चालन मे भईल कार्जक्रम मे कलैया उपमहानगरपालिका के सरसफाई शाखा के रामजी मण्डल, वार्ड नम्वर २० के वार्ड अध्यक्ष महम्द इमामुदीन ठकुराई, युनिसेफ नेपाल के खानेपानी तथा सरसफाई अधिकृत बोधनारायण श्रेष्ठ लगायत के लोग पिएवाला पानी के सम्बन्ध मे चर्चा कईले रहलन ।





