आईसिपि के सेटिङ्ग मे जगदम्बा अटो गु्रप प्रा.लि. करोडो के राजस्व छली कर रहल

वीरगंज ०२ कुवार
काठमाण्डु सुविधानगर स्थित जगदम्बा अटो गु्रप प्राइभेट लिमिटेड भारत से आयात करेवाला तीन चक्के टेम्पो मे भन्सार छलि कर रहल मिलल बा । भारत के चेन्नई स्थित टि.भि.एस. कम्पनी से जगदम्बा से आयात कर रहल तीन चक्के टेम्पो के पार्टस् कहके भन्सार जाँच पास कराके चेसिस आ इन्जिन सहित के टेम्पो आयात कर रहल तथ्य मिलल बा ।
भारत से सवारीसाधन आयात कईला पर इन्जिन, चेसिस सहित के सवारी साधान आयात कईला पर ३० प्रतिशत भन्सार, ५५ प्रतिशत अन्तत शुल्क आ १३ प्रतिशत भ्याट लाग रहल अवस्था मे पार्टस् कहके आयात कर्ईला पर अन्तत शुल्क मे ५० प्रतिशत नेपाल सरकार से छुट देहल मौका मे जगदम्बा अटो गु्रप पार्टस् आयात कहके चेसिस, इन्जिन सहित के सवारी साधन आयात करके सफेद तस्करी कर रहल मिलल बा ।
भारत से पार्टस् आयात करे खातिर नेपाल स्थित उद्योग दर्ता होखे बदले जगदम्बा अटो गु्रप बारा के सिमरा स्थित आपन शाखा स्थापना करके उद्योग दर्ता करवले बा । उद्योग भारत से गाडी के सभी पार्टस् अलग अलग आयात करके इहाँ एसेम्बलिङ्ग (तयारी) करेमे बाहरी भाग के कुछ सामानसब खोल के पार्ट्स् मात्र आयात कर रहल कहके भन्सार जाँच पास कराके इन्जिन, चेसिस सहित के टेम्पो आयात कर रहल बा ।
सवारी साधन के पार्टस् आयात कईला पर सि.के.डि. कहके भन्सार जाँच पास हो रहल बा । इहे बियफे के दिने जगदम्बा गु्रप सि.के.डि. कहके ३४ लाख ५७ हजार १ सय ४१ रोपेया बराबर के सवारी साधन के पार्टस् कहके भन्सार जाँच पास कराके ३० लाख १५ हजार ९ सय ९६ रोपेया राजस्व बुझवले बा ।
जबकी जउन अवस्था मे सवारी आयात कईल बा, ओकर नेपाल सरकार के आउर ९ लाख ५० हजार ७ सय १३ रोपेया राजस्व तिरेके चाहिं माकिर ई राजस्व छलि कईल मिलल बा । जगदम्बा जईसे इन्जिनि, चेसिस सहित के सवारी आयात कईले बा, उ मुताविक ३९ लाख ६६ हजार ७ सय ९ रोपेया राजस्व तिरेके चाहिं ।
भारत के चेन्नई से एम.एच. ४६ ए.एफ. ५२४२ नम्बर के ट्रक मे लोड होके आईल कन्टेनर मे कम्पनी के सिल लागल अवस्था मे भन्सार जाँच पास भइल बा । कन्टेनर भितर पार्टस् बा कि फुल बडी बा, कि आउर कुछ सामान बा ? भन्सार के कर्मचारी चेकजाँच भी कईले नईखन, सिधे कागजी रुप मे भन्सार जाँच पास कर देहले बा ।
ई बारेमे एकिकृत जाँच चौकी भन्सार प्रमुख हरिहर पौडेल से बुझला पर भन्सार छलि के सूचना अईला के बाद टेम्पो लोड कईल कन्टेनर के रोकके चेकजाँच के खातिर अधिकृत तोकल गईल बतवनी । भन्सार जाँच पास भइला पर भी सञ्चारकर्मीलोग के सामान देखे ना मिलेके कहत भन्सार कर्मचारीलोग से अनुसन्धान अधिकृत तोकल गईल बा, ओकरा भितर पार्टस् मात्र बा कि ? इन्जिन, चेसिस सहित के फुल बडी ह ? उ शनिचर के सबेरे १० बजे कन्टेनर के सिल तुरके चेकजाँच करेके बतईला पर भी शनिचर आ एतवार के दिने सार्वजनिक छुटी भईला से सोमार के दिने मात्र कन्टेनर खोल के चेकजाँच करेके बतवनी । प्रज्ञापन पत्र मे उल्लेख होके भन्सार जाँच पास भईला से आउर सामान मिलला पर कानून मुताविक कारवाही प्रक्रिया अगाडि बढावेके बतवनी ।
नेपाल मे एसेम्बलिङ्ग करेके उद्देश्य से इहाँ संचालित उद्योगसब पार्टस् मात्र आयात कईला पर भन्सार ३० प्रतिशत, भ्याट १३ प्रतिशत तथा अन्तत शुल्क २७.५ प्रतिशत मात्र लागेला । स्वदेश मे एसेम्बलिङ्ग करे खातिर पार्टस् आयात कईला पर नेपाल सरकार अन्तत शुल्क मे ५० प्रतिशत छुट देहले बा, उहे छुट के नाम मे जगदम्बा एकिकृत जाँच चौकी होत खुलेयाम तस्करी कर रहल बा ।
एगो ट्रक मे मात्र जगदम्बा नेपाल सरकार के ८ लाख २९ हजार ३ सय ९९ रोपेया राजस्व छलि कईले बा । ई अनुपात मे दैनिक सयो गाडी भन्सार जाँच पास हो रहला मे भन्सार से कईसे बडका परिमाण मे तस्करी हो रहल बा कहके सहजे अनुमान लगावल जा सकता ।
भारत से कउनो भी सामान नेपाल आयात कईला पर एकिकृत जाँच चौकी मे सामान के नमुना चेकजाँच होखेला माकिर अईसन बडका व्यापारीलोग भन्सार के कर्मचारीलोग के मिलोमतो मे खुलेयाम करोडो राजस्व चोरी कर रहल बाडन । भन्सार मे कउनो भी सामान के नमुना चेकजाँच कईला मे ई जगदम्बा अटो गु्रप के कन्टेनर कम्पनी के सिल भी ना तुरके कईसे भन्सार जाँच पास भईल ? एकरा से भन्सार कर्मचारी के मिलोमतो रहल प्रष्ट भईल जानकारलोग के कहनाम रहल बा ।
पर्सा के बहुदरमाई नगरपालिका मे नेकपा एकिकृत समाजवादी के नगर भेला पुरा भईल बा । भेला से मोहन यादव के अध्यक्षता मे ५५ सदस्यीय नगर कमिटी गठन कईले बा ।
जउन समिति के सचिव मे ब्रहमदेव प्रसाद गुप्ता, सदस्यलोग मे अमरदेव पासवान, काशिम अन्सारी, महबुब अन्सारी, बच्चा साह, प्रदिप साह, अच्छेलाल साह गोढ, ध्रुप साह कानु, राजेन्द्र प्रसाद यादव लगायत के चयन भईल बाडन ।
पार्टी के केन्द्रिय सदस्य नागेन्द्र चौधरी के प्रमुख आतिथ्यता मे भईल भेला मे प्रदेश सदस्य किशोरी कुशवाहा, जिल्ला कमिटी सदस्यलोग अधिवक्ता प्रमोद साह, सुरेन्द्र जयसवाल, अमिरका साह गोढ, ध्रुप राय, सुरेन्द्र ठाकुर, सोधा यादव, जयनारायण महतो नुनिया लगायत के लोग आपन आपन बिचार रखले रहनी ।स्वागत मन्तव्य ध्रुप राय यादव से कईल कार्जक्रम के संचालन चन्द्रिका कलवार कईले रहलन ।
बहुअरी मे भईल कार्जक्रम मे तत्कालिन संघिय समाजवादी फोरम से वार्डध्यक्ष मे चुनाव लडल बाबुजान अन्सारी आ नागेन्द्र यादव एकिकृत समाजवादी मे प्रबेश कईले रहलन । पार्टी प्रबेश कईल दुनु जने के कार्जक्रम के प्रमुख अतिथी केन्द्रिय सदस्य नागेन्द्र चौधरी फुल माला आ अबिर के टिका लगाके स्वागत कईले रहलन ।






