क्याम्पस प्रमुख कुशवाहा के हत्या योजना मे संलग्न ७ जने पकडईलें
क्याम्पस प्रमुख कुशवाहा के हत्या योजना मे संलग्न ७ जने पकडईलें

बारा ११ असाढ
बारा के कलैयास्थित रामराजा बहुमुखी क्याम्पस के प्रमुख हरिभूषण कुशवाहा के हत्या योजना एक महिना पहिले हि बनल अुनसन्धान से खुलल बा । जेठ ३२ गते भईल हत्या प्रकरण के अनुसन्धान के समय मे पकडाईल आदमी से उ बात खुलल बा ।
आदर्श कोतवाल गाँवपालिका–३ बतरा टोल मे भईल उ घटना के अनुसन्धान कर रहल पुलीस अभी तक सात जने के पकडले बा । पकडाईल मेसे पाँच जने क्याम्पस प्रमुख कुशवाहा के गाँव खजुरिया के रहल बाडन आ आउर दु जने कलैया आ करैयामाई के रहल बाडन ।
पुलीस अभी तक आदर्शकोतवाल २ खजुरिया के ३२ बरीस के अवधलाप्रसाद कुशवाहा, २९ बरीस के चांदसीप्रसाद कुशवाहा, ३४ बरीस के राधेसकुमार पटेल, ५४ बरीस के विनोद राउत कुर्मी, बतरा के २७ बरीस के श्रवणकुमार साह, कलैया उपमहानगरपालिका–१० मटिअर्वा के ५० बरीस के ब्रम्हदेव राम आ करैयामाई गाँवपालिका ७ पिपरा टोल के ५० बरीस के मोतिलाल चौधरी के पकडले बा । घटना मे संलग्न आउर कुछ आदमी अभी भी फरार रहल आ जलदी पकडेके जिल्ला प्रहरी कार्यालय बारा के प्रवक्ता एवं प्रहरी नायब उपरीक्षक दधिराम न्यौपाने जानकारी देहनी ।
प्रवक्ता न्यौपाने के मुताविक अभी तक के अनुसन्धान के समय मे घटना के कारण घरायसी विवाद देखल गईल बा । पकडाईल आदमी से घटना के वास्तविक कारण आ घटना मे संलग्न आउर आदमी के पहिचान करेके काम हो रहल न्यौपाने बतवले बानी । ‘अभी तक के अनुसन्धान से घरायसी विवाद देखल गईल बा । आउर तथ्य के खातिर हमनी अनुसन्धान करत बानी,’ न्यौपाने कहनी, ‘माकिर कुछ समय से योजना बनाके हत्या कईल देखल गईल बा ।’
अनुसन्धान के समय मे हथियार तथा सुटर व्यवस्थापन करेके, रेकी करेके, सुटर के भगावेके, मोटसाइकल के व्यवस्थापन करे खातिर चरणबद्धरूप मे समूह मे छलफल भईल भी खुलल प्रवक्ता न्यौपाने के कहनाम बा । अनुसन्धान से पत्ता लागेवाला किसिम से प्रमाण ना छोडेवाला हिसाब से योजना बनईला पर भी पुलीस घटना मे संलग्न आदमी के पहिचान करेके काम मे सफलता प्राप्त कईल न्यौपाने बतवनी ।
‘अनुसन्धान से घटना मे संलग्न आदमी के पहिचान हि ना खुलेवाला किसिम से योजना बनावेके प्रयास कईल रहे,’ न्यौपाने कहनी, ‘माकिर अपराधी से अपराध कईला पर कुछ प्रमाण छोडले रहलन । उहे प्रमाण से संलग्न आदमी के पहिचान होखेके काम हो रहल बा ।’
पुलीस अभी तक तीन गो मोटरसाइकल, ६ राउण्ड गोली, मोबाइल, ल्यापटप, नेपाली तथा भारतीय सिम बरामद कईले बा ।






