नगवा मे पोषण सम्बन्धी अभिमूखिकरण कार्जक्रम

वीरगंज ०६ कुवार
वीरगंज महानगरपालिका वार्ड नं. १६ मे पोषण सम्बन्धी एक दिने अभिमूखिकरण कार्जक्रम पुरा भईल बा ।
वार्ड कार्यालय के सहजोग आ एभरग्रीन समजिक संस्था के आयोजना मे मंगर के दिने कार्जक्रम पुरा भईल बा । आयोजक संस्था के अध्यक्ष रबी चौरसिया के अध्यक्षता मे भईल उ कार्जक्रम मे वार्ड नं. १६ के नि.वार्ड अध्यक्ष बिनिता कुमारी, एहितरे निलम्बित वार्ड अध्यक्ष श्यामबाबु चौरसिया, वार्ड सदस्य रिता देवी, विजय प्रसाद साह, वार्ड सचिव विरेन्द्र साह, उमाशंकर ठाकुर, अनिल कुशवाहा, मो. सगिर अली लगायत के सहभागिता रहेल रहे ।
३० जने जनानीलोग के सहभागीता रहल उ कार्जक्रम मे प्रशिक्षक मन्तोष पटेल प्रशिक्षण देहल आयोजक संस्था जनवले बा ।






