राजपा मे फुट उपेन्द्र यादव डललन : लोसपा अध्यक्ष ठाकुर

प्रभु यादव
बारा २१ कुवार
लोकतान्त्रिक समाजवादी पार्टी के केन्द्रीय अध्यक्ष महन्थ ठाकुरर जसपा के फुट उपेन्द्र यादव अधिकारीकता के लिया के बनावले बाडन कहके आरोप लगवले बानी ।
बारा के कलैया मे लोसपा के पार्टी कार्यालय उदघाटन करत केन्द्रीय अध्यक्ष ठाकुर यादव पार्टी फुटकावे के दोषी रहल जनकारी करावले बानी । पार्टी कार्यालय उदघाटन कईला वाद पत्रकार लोग से बातचित करत सरकार मे जाएला अभि हमनी के पार्टी के कवनो बात ना रहल बा आ सरकार से बात आईला पर बईठक से निर्णय लेवेके ठाकुर जनकारी करावले रहनी ।
मधेश के मुद्दा पूरा करेला सरकार मे रहल लोग से उधार समझौता करत करत किताब बनगईल बा अब ओईसन समझौता ना कर के समाधान के ओर पका कईसे होई लागे के जनकारी करावले रहनी । नागरिक्ता विधेयक ओली सरकार से लियावल गईल माकिर अदालत ना मानेवाला भईला से लागू ना होखेसकल ठाकुर जनकारी करावले बानी ।
मधेश आन्दोलन मे नेता आ कार्यकर्ता लोग पर लागल मुद्दा सब फिर्ता होखे के क्रम मे रहल बा आ हाजिर ना भईल लोग के हाजिर ना होखे के परी अध्यक्ष ठाकुर जनकारी करावले बानी । कन्चनपुर के संसद रेशम चौधरी के उपर लागल मुद्दा सर्वोच्च अदालत मे विचाराधिन बा कुछ समय मे फईसला होई अध्यक्ष ठाकुर जनकारी करावले रहनी ।
पार्टी उदघाटन कार्जक्रम मे प्रदेश २ के प्रदेश सभा सदस्य आ पुर्व भौतिक पुर्वधार अर्थमामिला मन्त्री जितेन्द्र सोनल, प्रतिनिधि सभा सदस्य आ पुर्व मन्त्री एकवाल मिया, जिल्ला समन्वय समिति बारा के संयोजक नवलकिशोर सिंह, देवताल गाँवपालिका के अध्यक्ष चन्दन सिंह, प्रसौनी गाँवपालिका के अध्यक्ष भोला गुप्ता, पचरौता नपा के उपमेयर इन्दु कुमारी यादव, केन्द्रीय सदस्य डाक्टर कर्मुल्लाह अंसारी, जयप्रकाश साह, सर्फुल्लाह अंसारी, शम्भु गुप्ता लगायत के नेता कर्याकर्ता के सहभागिता रहल रहे ।






