सुर्जाहा मे आगलागी भईला पर लाखो के नोक्सानी

वीरगंज ०३ कातिक

पर्सा के पकहा मैनपुर गाँवपालिका वार्ड नं. २ सुर्जाहा मे मंगर के रात आगलागी भईल बा ।

स्थानिय रामरतन दास तात्वा के घर घारी मे भईल आगलागी से फुस के घर पुर्ण रुप से जरला के साथे घर मे रहल एगो भर्ईस, दु गो पाडी के जरके मृत्यु भईल बा आ एगो भईंसी जरके गम्भिर घायल भईल पुलीस जनवले बा ।

मोछर भगावे खातिर बारल घुस से मंगर के रात करिब १२ बजे के समय मे भईल आगलागी से ४ लाख मुल्य बराबर के नोक्सानी भईल पिडित जनवले बाडन ।

आगी स्थानियबासीलोग के सहजोग मे कुछ समय के बाद नियन्त्रण मे आईल स्थानिय संदिप चौहान बतवनी ।

एहितरे आगलागी भईल जगहा मे पकहा मैनपुर गाँवपालिका अध्यक्ष बिजय चौरसिया पुग के आगलागी से नोक्सानी भईल बारेमे जानकारी लेहले बाडन ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।