सिसा “अनलोड” करेके समय मे एक जने मजदुर के मृत्यु
वीरगंज ०९ कातिक
वीरगंज मे ट्रक से सिसा अनलोड करेके समय मे एक जने मजदुर के मृत्यु भईल बा ।
सिसा “अनलोड” करेके समय मे दबाईला पर वीरगंज–१५ बरवाटोल रहेवाला ३८ बरीस के सुरेन्द्र साह के मृत्यु भईल पर्सा के प्रहरी प्रवक्ता प्रहरी नायब उपरीक्षक ओम प्रकाश खनाल जानकारी देहनी ।
एचआर ५८ ए ३७७१ नम्बर के ट्रक से सिसा उतारेके समय मे उ दबाईल रहलन । सिसा से दबा के घायल भईला के बाद उनकर ईलाज के खातिर तराई अस्पताल वीरगंज लेगईल रहे । अस्पताल उनका के मृत घोषित कईले रहे । लास पोष्ट मार्टम के खातिर नारायणी अस्पताल पठावल गईल जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा जनवले बा । ट्रक के डाईबल, खलासी आ धनी फरार बाडन ।






