जातिय संस्कृती मे बढरहल कुरीति सब के सभे मिल के हटावे के परल : महतो

प्रभु यादव
बारा १२ कातिक
नेपाल कुशवाहा कल्याण समाज बारा दियरीबाती आ छठ पवनी के शुभकामना आदान प्रदान कार्जक्रम सम्पन्न कईले बा । महागढीमाई नपा १० गंजभवानीपुर मे भईल शुभकामना आदान प्रदान कार्जक्रम के प्रमुख अतिथि राजाराम महतो जातिय संकृती मे बढरहल कुरीति के सभे मिल के हटावे के परल बतावले बानी । लईका के समान लईकी के पढाइ मे पहुचावे के आ उमेर पुगला पर सादी करे के सभे के सुझाव प्रमुख अतिथी महतो जनकारी करावले बानी ।
विशिष्ट अतिथी केन्द्रीय सदस्य मुन्ना कुशवाहा समुदाय मे परामपरागत विचार मे सुधार करत शिक्षा आ स्वास्थ्य मे विशेष जोड देवे के सुझाव देहले रहनी । गंजभवानीपुर के ज्योति पराडाइज ईङ्गलीस स्कुल मे भईल शुभकामना आदान प्रदान कार्जक्रम मे कुशवाहा कल्याण समाज के रामविध्या कुशवाहा, लिला कुशवाहा, नरामनाथ कुशवाहा, रामचन्द्र कुशवाहा, गोपाल कुशवाहा, श्रीनारायण कुशवाहा विद्यार्थी बारा अध्यक्ष शिपजी कुशवाहा लगायत के लोग शुभकामना देहत समाज के उन्तीखातिर अगाडि बढे के आ आपन बात राखल पन्नालाल कुशवाहा जनकारी करावले बानी ।
नेपाल कुशवाहा कल्याण समाज बारा के अध्यक्ष चनरदेव कुशवाहा के सभापतित्वमे भईल कार्जक्रम मे ज्योति पाराडाईज ईङ्गलीस स्कुल के प्रिन्सिपल प्रभुलाल कुशवाहा के शुभकामना आ विरेन्द्र कुशवाहा के सञ्चालन मे सम्पन्न भईल रहे ।






