नेपाल निजामती कर्मचारी संगठन पर्सा द्धारा शुभकामना आदानप्रदान कार्जक्रम

वीरगंज १२ कातिक
नेपाल निजामती कर्मचारी संगठन पर्सा के आयोजना मे आजु वीरगंज मे दीपावली तथा छठ पर्व के शुभकामना आदानप्रदान कार्जक्रम पुरा भईल बा ।
कार्जक्रम के सम्बोधन करत जिल्ला समन्वय समिती पर्सा के समन्वय अधिकारी छविरमण भट्टराई कर्मचारी समायोजन ऐन मे भईल कमजोरीसब अदालत से हटारहल बतवनी ।
उ कार्यालय प्रमुख, लेखापाल के साथ साथे अभी प्राविधिक शाखा मे काम करेवाला ईन्जिनियरलोग भी टार्जेट मे रहल बतवनी ।
साथे उ संघियता आईल समय से कर्मचारी के मर्यादा मे गिरावट अईला से कर्मचारीलोग भी सजग भईल जरुरी रहल बतवनी ।
नेपाल निजामती कर्मचारी युनियन संघ के उपाध्यक्ष मनोज तिवारी कर्मचारी समायोजन ऐन कर्मचारी बिरोधी रहल बतवनी । उ अभी आधिकारी ट्रेड युनियन के नेतृत्व कर रहल आ एक नम्बर मे रहल संगठन ओकर बिरोध करेके निर्णय लेहला पर साथ देवेके आ खारेज होखेके भी बतवनी ।
उ कर्मचारीलोग ओकर विरोध करे खातिर एक होखे खातिर आव्हान भी कईनी । कर्मचारीलोग एक भईला पर भी अभी के सराकार ना सुनेवाला कर्मचारी समायोजन ऐन के बिरोध मे सडक मे आवेके उनकर कहनाम रहे ।
आधिकारी कर्मचारी ट्रेड युनियन पर्सा के अध्यक्ष सुबादार यादव कर्मचारी संगठनसब राजनितिक दलसब से अलग रहेके बिचार रखनी । उ कर्मचारी के हित के खातिर हरदम ट्रेड युनियन से काम कईल बतावत वितल समय मे कुछ भईल कमीकमजोरी के फेनु सँचियावत काम करेके प्रतिबद्धता जनवनी ।
निजामती कर्मचारी संगठन पर्सा के अध्यक्ष अमित कुमार गिरी सस्ता लोकप्रियता के खातिर कर्मचारीलोग टार्जेट हो रहल बतवनी । उ कहनी, अभी मात्र ना, पहिले भी कर्मचारीलोग सफ्ट टार्जेट मे आवेलन । उहे चलते संगठन आ कर्मचारी मे एकरुपता भईल जरुरी बा ।
धोबिनी गाँवपालिका के प्रमुख प्रशासकिय अधिकृत राजु साह कर्मचारी उपर चौतर्फी वार हो रहल बतवनी । उ कर्मचारीलोग उपर हो रहल वार के विरोध मे संगठनलोग काम करेके बिचार रखनी । निजमती कर्मचारी संगठन पर्सा के अध्यक्ष अमित कुमार गिरि के अध्यक्षता मे भईल कार्जक्रम मे कर्मचारी युनियन संघ के केन्द्रिय सदस्य अजलाल कर्ण, पुर्व केन्द्रिय स्दस्य विजय गुप्ता, आधिकारिक ट्रेड युनियन पर्सा के कोषाध्यक्ष ध्रुव प्रसाद चौरसिया, जिल्ला निर्वाचन कार्यालय बारा के प्रमुख निर्वाचन अधिकारी सरोज चौधरी, पटेर्वा सुगौली गाँवपालिका प्रमुख प्रशासकिय अधिकृत संदेश यादव, जिराभवानी गाँवपालिका के प्रमुख प्रशासकिय अधिकृत प्राण मेहता, नेपाल राष्ट्रिय कर्मचारी संगठन के सुभाष गुप्ता लगायत के लोग शुभकामना मन्तव्य रखले रहलन ।
कर्मचारी संगठन पर्सा के सचिव संतोष यादव से संचालन कईल कार्जक्रम मे कर्मचारी संगठन के सदस्य निसा दहाल स्वागत मन्तव्य रखले रहनी । जिल्ला समन्वय समिती पर्सा नजिक रहल कर्मचारी संगठन के भवन मे भईल कार्जक्रम मे अबगे ओराईल दशहरा, बकरिद आ आवे लागल दीपावली आ छठ पर्व के शुभकामना आदनप्रदान कईल रहे ।






