कोहांर जाती के पेशा दियरी मे सिमित

प्रभु यादव
बारा १७ कातिक
नेपाल के मधेश मे रहेवाला कुमहाल जात लोग के पेशा दियरी मे सिमित होरहल बा । देवताल गाँवपालिका वार्ड नम्वर ६ रौवाही के जोखु पडित चाक चलावत दियरी बनारहल पेशा दियरी मेही सिमित भईल जानकारी करावले बानी ।
आपन उमिर ७५ बरीस होगईल जब हम १२ बरीस के रहनी ओही समय से चाक चलाकर के माटी के समान सब बनावत आईल पंडित जनकारी करावले बानी । पहिले के समय मे दियरी बनावल जाए सादि वियाह मे पानी पिएवाला रामगिलास, घर के उपर छापर छावेला खपरा, घर बननवेला कचिया इट्टा, घर घर मे समान सब राखेला खाना बननवेला हडिया बनावे के काम होतरहल जवना समय मे फुर्सत ना मिलत रहल जोखु पडित जनकारी करावले बानी ।
अब मात्र कातिक महिना मे दियरी, ढकना, कलशा, चमुक, छठ मे कोसीया भरेला हाथी बनावे के मिलेला बाकी समय चाक ना चलाके घर के ओरियाना सोभाला राखल जाला पडित जनकारी करावले बानी । रौवही केही रामनरेश पंडित पहिले सभे दिन काम चलत रहल त पेशा बनावले रहलन अब कातिक भरला मातरे काम परेला जवना से नया लोग ना लागरहल बा अब कुछ दिन वाद चाक चलाके दियरी बनावेवाला ना मिली जईसन लागल चिन्ता देखावत कुमहाल लोग के पेशा लोप होई बतावले बानी ।
अगिला बरीस कोरोना के हला भईला से दियरी के माग कम रहल माकिर ईसाल बहुते माग भईल बनावे मे व्यस्त रहेके पडल पंडित जनकारी करावले बानी । तीन जने मिल के बरसात खतम होते चाक चलाके दियरी बनावे लागल रहनीह आपन गाव नगर छोड के बाहर के व्यापारी २० हजार लेगईल अब स्थानिय लोग के देवेला पूरा दिन बननवे मे समय वित रहल पंडित जनकारी करावले बाडन ।
एक दियरी एक रोपेया मे बेचारहल बा माकीर भठी मे माटी के बनावल समान पकावेला जार्ना के कमी भईला से मोल मे महगाई लेवे के पडल पंडित जनकारी करावले बा । आपन पेशा के संरक्षण करेला ना कवनो अगुवा कुछ जनकारी ना करावले ना स्थानिय निकाय कवनो सचेतना करावले बा ना सहजोग कईले बा जवना से कुमहाल पेशा दिन पर दिन पछाडी परहल पंडित जनकारी करावले बानी ।
पलाष्टिक के समान सब पर निर्भर होगईला से माटी के समान कम विक्री भईल जवना से कुमहाल जात लोग छोडरहल पडित जनकारी करावले बानी । माटी के समान मे राख के पानी पियला पर, खाएवाला समान राख के खईला से स्वास्थ्य मे गडबडी ना होखत रहल माकिर प्लास्टिक के समान मे खाईल कईला से दिन पर दिन लोग बिमार से हरान होरहल बा सुखी आ स्वस्थ्य रहे के बा त माटी के भाडाकुडा अपनाई बृद्ध रामनारायण यादव जनकारी करावले बानी ।






