मधेशी संस्कृति केहु बनावे मे त केहु विगाडे मे लागल

प्रभु यादव

बारा २१ कातिक

बारा जिल्ला मे केहु मधेशी संस्कृति जोगावे मे लागल बा त केहु विगाडे मे लागल बा । मधेश के नेता लोग प्रसौनी गाँवपालिका के आयोजना मे छठ आ दियरीवाती के अवसर मे मधेशी संस्कृती कार्जक्रम कईले रहे ।

जवना मे समाचकेवा, झिझिया, जाटजाटीन जईसन संस्कृती के देखा के समाज मे फेरसे नयाँ सम्झना करा के समय मे करेला प्रेरणा देहले बा । विश्रामपुर गाँवपालिका दियरीवाती आ सोहरैया के अवसर मे महाविरी झण्डा के आयोजना कर के कुस्ती पहलवानी करवले बा ।

पहिले सोहरैया वितला के बाद गाँव गाँव मे जवान लोग अखडा बना के पछडा कुस्ती खेलत रहलन जवन अभि लोप होगईल बा ओकरा के फिर से सञ्चालन करेला आउरी कुस्ती खेल के बरकार राख के जीवन मे स्वास्थ बनावेला प्रेरण देहले बा ।

कलैया उपमहानगरपालिका के मेयर राजेश राय यादव आ वार्ड नम्वर ४ के वार्ड अध्यक्ष जटाशंकर सहनी उर्फ मिश्री सहनी रमाईलो आ सस्तो मेला के आयोजना करवा के साँझ मे अश्लीलता देखावे मे मस्त रहल बाडन । मेला के प्रवेश द्धार मे स्थानिय जनप्रतिनिधि फोटो सहित के स्वागत कर के मेला मे होरहल समाजिक विडम्बना के संरक्षण करहल प्रत्यक्ष प्रमाण भईल बारा नागरिक समाज के अध्यक्ष उमेशलाल दास के सिकायत रहल बा ।

समाजिक सञ्जाल मे कुछ लोग के पोष्ट देख के जानकारी लेहला पर समाज के सुधार करेवाला कवनो कार्जक्रम ना भईल सिकायत आईला पर उहाँ के अवस्था बुझला पर स्थानिय तह के जनप्रतिनिधि के फोटो देख के लजित होखे के अवस्था रहल अध्यक्ष दास जनकारी करावले बानी । मेला देख के साझ मे फिर्ता आरहल प्रोफेसर सफिक अंसारी से जानकारी लेहला पर पश्चिमी सभ्यता के लोग के लेल रहल जनकारी करावले बानी ।

मेला के प्रचार कईल कवनो स्टल ना भईल आ मातरे विक्रिती देखेवाला काम होरहल देखल गईल बा अंसारी जनकारी करावले बानी । मेला मे जुवा, मासु दारू होटल आ १६ बरीस से लेके २५ बरीस तक के लईका सब सिगरेट मे अधिक नासा लागेवाला लागू पदार्थ सब के सेवन करहल देखल जारहल बा अंसारी सिकायत कईले बानी ।

कलैया २ दोहरी के मेला देखनियार हाला मातरे रहल बा संस्कृति के जगेर्ना करे के जगह खिल्ली उडावे के काम होरहल बा जनकारी करावले बानी ।

जेनिय डान्स एकाडेमी के नाम मे आयोजना भईल मेला के मुख्य संरक्षक आ आयोजक कलैया जेसीस रहल मेला के देखनियार लोग के कहनाम रहल बा । कलैया के कुछ जानकार लोग के कहनाम बा कि मेला जमिन के प्लावटी्ग कईल आ जेसिस के अगुवा लोग, वार्ड अध्यक्ष पद मे आवेवाला चुनाव मे उमेदवार होखेवाला लोग मिल के लगावले बा आ उलोग आपन स्वार्थ सिद्ध करेमे लागल आरोप लगावले बा ।

डिजे बन्दकर्ता, प्रशासन कार्यालय के संस्कृति विगाडेवाला मेला मे अधिक सक्रियता भुमिका रहल मेला मे भईल सहभागी लोग के सिकायत रहल बा । मेला मे हरेक दिन पढनियार लईका सब के जमघट होरहल बा आ झगडा लडाई होरहल जवना से समाज मे विहान के अगुवाई करेवाला लोग मे ना निमन अवसर पर रहल कलैया के रामेश्वर प्रसाद के सिकायत रहल बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।