हिमानी शाह वीरगंज के घडिअर्वा मे छठ के अर्घ दिहें

वीरगंज २३ कातिक

पूर्व युराज्ञी हिमानी शाह वीरगंज के घडिअर्वा पोखरा मे छठ पर्व के सँझिया घाटे अर्घ देवे आवेके जनावल गईल बा ।

“२०४७ को संविधान पूर्ण स्थापना हाम्रो अभियान, श्री राम हनुमान आराधना मण्डल नेपाल, विश्व हिन्दू महासंघ, नेपाल नागरिक अभियान र नेपाल–भारत सनातन हिन्दु धर्म संरक्षण मञ्च” आजु पत्रकार सम्मेलन करके छठ पर्व के सँझिया घाटे के अर्घ देवे हिमानी शाह आ रहल जनवले बाडन ।

पत्रकार सम्मेलन मे केन्द्रिय महासचिव शैलेन्द्र सिंह हिन्दूलोग के महत्वपूर्ण छठ पर्व हिमानी शाह बितल तीन बरीस से छठ पर्व करत आरहला मे ई बरीस वीरगंज मे मनावेके कार्जक्रम रहल बतवले बाडन ।

उ २०४७ साल के संविधान से सभी जातजातीलोग के संरक्षण कईला से फेनु उ संविधान लियावेके बतवनी । घडिअर्वा पोखरा मे सँभिया करिब ४÷५ बजे के बिच मे आवेके कार्जक्रम रहल बतवनी । पत्रकार सम्मेलन मे जिल्ला संयोजक देवीट कार्की, महासचिव मुकेश कुमार लगायत के सहभागीता रहल रहे । कार्जक्रम के सहजीकरण पतवारी यादव कईले रहलन ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।