सांसद यादव छठ के ब्रतालु के साडी बँटनी

वीरगंज २३ कातिक

छठ के ब्रत रहल छटईतीनलोग के साडी बाँटल गईल बा । पर्सा क्षेत्र नम्बर १ के सांसद प्रदीप यादव साडी बँटले बानी । यादव वीरगंज महानगरपालिका के अनेकन वार्ड मे पुगके आर्थिकरुप मे विपन्न जनानीलोग के साडी बँटले बानी ।

साझा सांस्कृतिक धरोहर के रुप मे रहल छठ पर्व मे ब्रतालु जनानीलोग शुद्ध बस्त्र पहिन के उपवास रहेके आ छठी माता के पूजा करेके चलन बा । ओहिसे आर्थिक रुप मे विपन्न आ असहाय जनानीलोग के सांसद यादव साडी के साथे छठ पूजा के प्रसाद बनावे खातिर जरुरी पिसान बँटले बाडन ।

सोमार के करके सांसद यादव महानगर के अनेकन वार्ड मे पुगके १ हजार ८ सय जने जनानी के साडी आ पिसान बँटले बानी । मंगर के दिने भी ७ सय थान साडी बाँटल सांसद यादव बतवले बानी ।

यादव हिन्दु धर्मसंस्कृति मे छठ पर्व के समय ब्रतालु जनानीलोग सम्भव होखे तक नयाँ ना भईला पर शुद्ध वस्त्र पहिन के ब्रत रहेके मान्यता रहला से जरुरत देखके आपन निर्वाचन क्षेत्र के गरिब आ असहाय जनानी के हरेक बरीस छठ के समय साडी बाँटत आईल बतवनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।