माओवादी केन्द्र ठोरी के प्रथम अधिवेशन पुरा, बिहान बन्द सत्र होखी

मेघराज राय
जिराभवानी ११ अगहन
नेकपा माओवादी केन्द्र ठोरी गाँवपालिका कमिटी के प्रथम अधिवेशन के खुल्ला सत्र पुरा भईल बा । ठोरी गापा–४, आठघरे मे पुरा भईल खुल्ला सत्र के प्रमुख अतिथि माओवादी केन्द्र के प्रदेश कमिटी सदस्य एवम् ठोरी गापा अध्यक्ष पदमलाल श्रेष्ठ उदघाटन कईले बाडन । नेतृत्व चयन के खातिर अधिवेशन के बन्द सत्र बिहान घ्याङडाँडा मे होखी ।
अधिवेशन मे शुभकामना मन्तव्य व्यक्त करत वक्तालोग सबल आ सक्षम नेतृत्व चयन करे खातिर अधिवेशन सफल रहो कहके शुभकामना व्यक्त कईले रहनी ।
अधिवेशन सफलता के शुभकामना देत ठोरी गापा अध्यक्ष पदमलाल श्रेष्ठ राजनीति कईल पईसा कमावे खातिर ना होके जनसेवा के खातिर भईल उदघोष कईनी ।
उत्पीडित समुदाय के राज्य के मुल प्रवाह मे लियावेवाला पार्टी माओवादी भईला से आपन ध्यान हरदम उत्पीडित आ पछाडी पारल समुदाय के उत्थान के खातिर होखेके अध्यक्ष श्रेष्ठ के कहनाम रहे ।
कार्जक्रम मे गापा उपाध्यक्ष शान्तिमाया थिङ् ठोरी मे माओवादी ओराईल कहेवाला के खातिर अधिवेशन के खुल्ला सत्र से जवाफ देहल उदघोष कईनी ।
कार्जक्रम मे ठोरी –४ के वार्ड अध्यक्ष बई बहादुर तामाङ अधिवेशन से जनता के हित के खातिर काम करेवाला नेतृत्व अधिवेशन से चयन होखो कहके शुभकामना देहनी ।
कार्जक्रम मे ठोरी –३ के वार्ड अध्यक्ष सुर्य बहादुर लामा, वार्ड नं. १ के वार्ड अध्यक्ष रामप्रकाश कुँवर, नेकपा एकीकृत समाजवादी पर्सा जिल्ला नेता गङ्गा बहादुर खड्का, युवा नेता निमा लामा, पार्टी संगठित सदस्य रोशन सुनार, पार्टी के ठोरी –१ कमिटी अध्यक्ष सुशील अधिकारी, ठोरी –२ के पार्टी कमिटी अध्यक्ष भैरव बहादुर बस्नेत, वार्ड –४ कमिटी अध्यक्ष सागर तामाङ, वार्ड नं. ५ के पार्टी सचिव रत्न कुमार पौडेल लगायत के लोग आपन आपन बिचार रखले रहनी ।
माओवादी केन्द्र ठोरी संयोजक हरि बहादुर सुनार के सभापतित्व मे भईल कार्जक्रम के सहजीकरण बुद्धलाल पाख्रीन कईले रहनी । उ अवसर मे अनेकन पार्टी छोड के करिब सय जने नेकपा माओवादी मे प्रवेश कईले रहलन ।






