अधिक गति मे गाडी चलावला से जान चलजाई : ट्राफिक प्रसनी पुडासैनी

प्रभु यादव

बारा १२ अगहन

बारा के कलैया मे टिभिएस स्वागत ग्राहक भेला कार्जक्रम पुरा भईल बा । कार्जक्रम मे अस्थाई ट्राफिक प्रहरी पोष्ट कलैया के कार्यालय प्रमुख जयराम पुडासैनी अधिक गति मे गाडी चलावला से जान जासकता जानकारी करावले रहनी ।

गाडी चालक लोग के आपन गाडी के कईसे रास्ता पर चलावल जा सकल जाता जवना से दुर्घटना ना होई ओकरा ओर हरबखत सचेत रहे के पुडासैनी बतावले रहनी । गाडी मे सवारी करेवाला के भि सावधानी आपनावे के पुडासैनी जनकारी करावले रहनी । कार्जक्रम के प्रमुख अतिथि एन.एम.बी बैक निजगढ शाखा के म्यानेजर रविन भण्डारी अटो बिक्रेता के आ खरीद कर्ता लोग के ऋण कईसे लेहल जाई आ समय मे भुक्तानी करे के सम्बन्ध मे जनकारी देहले रहनी ।

टिभियस मोटर्स कम्पनी जगदम्बा मोटर्स के इनजीनियर रामकिशोर शर्मा अटो चालक आ सर्विस करेवाला मिस्री लोग के पार्टपुर्जा सम्बन्ध मे जनकारी करावले रहनी । दास गेष्ट हाउस के सभा हल मे भईल कार्जक्रम मे बस पार्क चौकी के ईन्चार्ज टिकाराज बराल, पत्रकार अनिल गौरव, राजेश कुशवाहा, संजिव मिश्रा, अनिल वर्मा, जिउत यादव आ अटो ग्राहक साउ, चालक, सर्विसकर्ता सब के सहभागिता रहल रहे । टिभियस रिया अटो के प्रोप्राईटर प्रभु प्रसाद गुप्ता के सभापतित्व आ पत्रकार अनिल पाण्डे के सञ्चालन मे कार्जक्रम सम्पन्न भईल रहे ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।