लाल बकैया नदी मे आजु से आवतजावत सुचारु, अब पईसा तिरेके ना पडि : नन्दकिशोर गुप्ता

मेवालाल यादव
रौतहट १३ अगहन
रौतहट के सदरमुकाम गौर स्थित के कार्यालयसब मे दैनिकी काम काज करे करावे खातिर सेवाग्राही एवं कर्मचारीलोग बरीस भर हि लाल बकैया मे डेंगी मे सवार होके आवातजावत करेमे बाध्य बनल ईशनाथ नगरवासीलोग के नगरपालिका डाईभर्सन निर्माण काम पुरा कईले बा ।
वितल दु बरीस पहिले अप्रिय दुर्घटना डेंगी पलटला पर लगभग २० जने के नदी मे डुब के ज्यान गईल रहे ।
उ घटना के बाद नेपाली काङ्ग्रेस के नेता सुशील प्रसाद कोइराला प्रधानमन्त्री रहल समय मे लाल बकैया नदी मे पूल के शिलान्यास कईले रहलन माकिर १ दशक होखे लागला पर भी पुल निर्माण काम पुरा होखे नईखे सकल ।
अभी नेपाली काङ्ग्रेस पार्टी के प्रधानमन्त्री शेर बहादुर देउवा सरकार चला रहल बाडन, आपन पार्टी के अग्रज नेता से शिलान्यास कईल काम पुरा ना भईला मे भी अनुगमन भी करे नईखन आईल । ईशनाथ नगरवासीलोग कैयन बेर पुल निर्माण काम सम्बन्धि डेलिकेसन बुझईला पर भी सरकार कान मे तेल डालके सुतल बा ।
समय मे पुल निर्माण काम पुरा ना भईला पर ईशनाथ नगरपालिका वासी भा आगन्तुकलोग के आवतजावत करेमे समस्या भईला पर उ समस्या समाधान के खातिर लाल बकैया नदी मे ८ गो साइफन बम्मा के डाइभर्सन निर्माण कईल ईशनाथ नगरपालिका के निमित्त प्रमुख प्रशासकीय अधिकृत नन्दकिशोर गुप्ता बतवले बाडन ।
लाल बकैया नदी मे डाइभर्सन निर्माण भईला पर नगरवासीलोग के सहज आवातजावत करे खातिर आजु सोमार से सजिलो भईल बा माकिर एकरा से पहिले मोटरसाइकल सवारलोग के घटवार के प्रति मोसा ५० रोपेया तिरेमे बाध्य बनल रहलन ।
सदरमुकाम गौर से ईशनाथ आवे खातिर ५ किलो मिटर दुरी के राजपुर पुल होत १५ किलो मिटर के के दुरि जाएमे बाध्यता से छुटकारा ईशनाथ नगरपालिका के हाकिम नन्दकिशोर गुप्ता बतवले बाडन ।






