हरवा चरवा अधिकार मंच पर्सा के अध्यक्ष मे अमरदेव चयन

वीरगंज १८ अगहन

हरवा चरवा अधिकार मंच पर्सा के जिल्ला भेला पुरा भईल बा । सम्पन्न भेला से अमरदेव पासवान के अध्यक्षता मे १५ सदस्यीय हरवा चरवा अधिकार मंच पर्सा गठन कईले बा ।

जेकर उपाध्यक्ष मे उमापती माझि, सचिव मे खेदन माझि, सह–सचिव मे रिता देबी पासवान, कोषाध्यक्ष मे सोभा देबी राम आ सदस्यलोग मे परमा पासवान, सनजय पासवान रहल बानी ।

नेपाल पत्रकार महासंघ पर्सा के सभा हल मे अमरदेव पासवान के अध्यक्षता मे भईल भेला के प्रमुख अतिथि पर्सा क्षेत्र न .३ (क) के प्रदेश सांसद प्रहलाद गिरी बहुते पिछडल हरवा चरवालोग के जीवन स्तर उकासे खातिर प्रदेश सरकार के पहलकदमी लेके पहल करेके प्रतिबद्धता जनवले रहनी ।

भेला मे द फ्रिडम फनड के प्रामर्शदाता एवं कनुनी सल्लाहकार बलराम भट्टराई, हरवा चरवा अधिकार मंच के केन्द्रीय अध्यक्ष दरसन मण्डल, सिरहा अध्यक्ष श्याम सुन्दर सदा, अगुवा दलित नेता प्रभु पासवान, शिक्षक रबि भुसन राम, समाजबादी प्रेस संगठन पर्सा के नेता मनोज पटेल, दलित मुक्ती संगठन पर्सा अध्यक्ष सुशील हजरा, राष्ट्रिय दलित नेट वर्क के टिम लिडर हुकुम सार्की लगायत के लोग आपन आपन बिचार रखले रहलन । कार्जक्रम के बारेमे रुपनरायन पासवान जानकारी करवले रहनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।