हिन्दू परिषद् नेपाल व्यय रुप मे राष्ट्रिय सम्मेलन एवं प्रशिक्षण कार्जक्रम करी

वीरगंज ०९ पुस

हिन्दू परिषद नेपाल वीरगंज मे इहे पुस ९ आ १० गते राष्ट्रिय सम्मेलन एवं प्रशिक्षण कार्जक्रम करे लागल जनवले बा ।

परिषद बियफेय के दिने सोल्टी गार्डेन होटल एंड पार्टी पैलेस मे पत्रकार सम्मेलन के आयोजना करके उ सम्मेलन एवं प्रशिक्षण के सभी तईयारी पुरा भईल जनावल गईल बा । पुस ९ गते सबेरे ११ बजे से कार्जक्रम के उदघाटन होखेके आ ओकरा बाद सँझिया ५ बजे से सांस्कृतिक कार्जक्रम, एहितरे १० गते प्रशिक्षण एवं हिन्दू धर्म संस्कृति मे योग्दान पुगावल आदमी तथा संस्थासब के सम्मान करेके परिषद् के अध्यक्ष संतोष पटेल बतवनी ।

परिषद् के राष्ट्रिय अध्यक्ष संतोष पटेल देश के ७२ जिल्ला मे आपन कमिटि रहल जनावत जिल्ला के हरेक कमिटी से एक जने अध्यक्ष आ एक जने सचिव करके दु जने के अनिवार्य सहभागीता होखेके बतवनी । उ सम्मेलन मे करिब ४ सय सहभागी होखेके जनावत सहभागी सभी के निःशुल्क खाना आ रहेके व्यवस्था कईल अध्यक्ष पटेल पत्रकार सम्मेलन मे बतवनी ।

उ सम्मेलन के मुख्य उदेश्य नेपाल के हिन्दू राष्ट्र बनावे के रहल चर्चा करत प्रशिक्षण मे सहभागी सभी के हिन्दू के एकजुट बनाके परिषद् के आउर मबजुत बनावे मे फलदायी होखेके बतवनी ।

दु दिने उ कार्जक्रम मे भारत एवं नेपाल के अनेकन धर्मगुरु, पुजारी, हिन्दूवादी अगुवालोग डा. चिन्तामणी योगी, डा. सुरेन्द्र भण्डारी, धर्मपाल गुरु, डा. दिपक शाक्य, प्रोफेसर बासु कर्ण, अरबिन्द श्रेष्ठ लगायत के लोग प्रशिक्षण देवेके अध्यक्ष पटेल बतवनी ।

पत्रकार सम्मेलन मे परिषद के केन्द्रिय उपाध्यक्ष विजय गुप्ता, केन्द्रिय कोषाध्यक्ष संजय सर्राफ, समाजसेवी जगरनाथ प्रसाद कुर्मी, केन्द्रिय सदस्य सचितानन्द दुबे, रमेश रौनियार, पर्सा जिल्ला अध्यक्ष हरेन्द्र पटेल, रौतहट जिल्ला उपाध्यक्ष रंजित पटेल, सुरेश साह कानु, लालबाबु प्रसाद कुर्मी, विनोद प्रसाद कुर्मी, चिरञ्जन श्रीवास्तव, पिंकी महासेठ, अरुण झा लगायत के सहभागिता रहल रहे ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।