ऊँख किसान बाध्य होके काटरहल बाडन, अब ना रोपल जाई

प्रभु यादव

बारा १५ पुस

बारा के ऊँख किसान सब बाध्य होकर के काटरहल बा अब ना लगाई खेत मे जनकारी करावले बा । कलैया उपमहानगरपालिका वार्ड नम्वर २ के जयगोविन्द राउत अहिर ऊँख खेत मे ऊँख काटरहल बानी मोल पता ना बा अब ना लगायब बतावले बानी ।

ऊँख के पइसा समय मे ना मिलेला आ सभे समान के मोल बढ गईल माकिर ऊँख के मोल पता नाबा केतना मिली आ कब मिली जवना से आपन घर के गरज ना चली आवेवाला सिजन मे ना रोपे के अहिर पीडा सुनावले बानी । कलैया २ के मुक्ति यादव रसायनिक खाद के मोल बढ गईल बा समय मे खोजला से मिलत ना बा गाडी चलेवाला डिजल के मोल बढला से भाडा मे बढगईल माकिर ऊँख के मोल केतना होई पता ना मिलल जनकारी करावले बानी ।

खेत मे लगावल ऊँख सुखरहल बा जवना के कारण काटकर के मिल मे देवे के बाध्यता भईल यादव जनकारी करावले बानी ।

हरेक साल ऊँख के मोल उचित देहल जाई आ समय मे कारखाना चलाके ऊँख लेहल जायेके असवासन मिलेला माकिर आपन कहानी छोड के किसान के दुख पीडा ना बुझेवाला रहला से ऊँख खेती छोडे के पडी यादव पीडा सुनावले बानी ।

ऊँख रोपे के समय मे अधिक खाद लागेला अभि मिलेवाला समय ना देखाई देरहल बा जवना से उत्पादन मे कमि होजाई जवना से ऊँख ना रोपे के सभे किसान के मन मे बस गईल बा दुसर किसान रामनारायण यादव जनकारी करावले बानी । बारा ऊँख उत्पादक संघ के अध्यक्ष विरेन्द्र कुशवाह नेपाल भर के किसान सभे के अगुवा लोग महोल बढावेला आन्दोलन आ बर्ता कईले रहलन माकिर सरकार के प्रतिनिधि सब कारखाना के पक्ष मेही बात कईला से किसान सब के पीडा के पुर्ती ना होखे के चिन्ता देखावले बानी ।

अउरी अउरी जगह के किसान सब चिनी मिल चलवा के ऊँख देरहल बा जवना के कारण बारा के किसान सब बाध्य होकर के ऊँख काट के चलान करे मे लागल अध्यक्ष कुशवाहा जनकारी करावले बानी । ऊँख के मोल छव सय ८० रूपेया होखे के चाहिँ माकिर कारखाना मालिक सब के पाँच सय ८० देवे के कहरहल बा अध्यक्ष कुशवाहा जनकारी करावले बानी ।

नेपाल सरकार के कृषि मन्त्रालय से ऊँख के मोल कायम करे के कह के किसान संघ रास्ता देख रहल अध्यक्ष जनकारी करावले बानी ।

ईन्धन के मोल बढला से सभे समाग्री के मोल बढगईल बा माकिर सरकार से कवनो जिम्मेवार ना देखावला से नगदी बाली कहल ऊँख खेती दिन पर दिन किसान सब छोडे मे बाध्य होरहल अध्यक्ष कुशवाहा जनकारी करावले बानी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Check Also

Close
Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।