नारायणी अस्पताल के प्रयोगशाला मे ५४ प्रतिशत मे संक्रमण

वीरगंज २८ पुस,
वीरगंज के नारायणी अस्पताल के प्रयोगशाला मे कईल परीक्षण मे करिब ५४ प्रतिशत मे संक्रमण पुष्टि भईल बा ।
नारायणी अस्पताल के पीसीआर प्रयोगशाला मे बुध के दिने ९५ जने के परीक्षण कईला पर ५१ जने मे संक्रमण पुष्टि भईल प्रयोगशाला के प्रमुख एवं सूक्ष्म जीव विज्ञ डा. प्रभाकर पाण्डे जानकारी देहनी ।
डा. पाण्डे के मुताविक ई संख्या कोरोना के दुसरका लहर मत्थर भईल एने के सबसे बेसी ह । पुष्टि भईललोग मे सरदीखोकी लगायत के सामान्य फ्लू के लक्षण रहल उनकर कहनाम बा ।
नेपाल मे पिछिलका २४ घण्टा मे करिब २४ प्रतिशत मे संक्रमण पुष्टि भईल बा ।
हेल्थ डेक्स मे १८ जने मे संक्रमण
वीरगंज नाका मे सञ्चालित हेल्थ डेक्स मे कईल परीक्षण मे ११ जने मे संक्रमण पुष्टि भईल बा ।
हेल्थ डेक्स के प्रमुख डा. अनिशा महतो के मुताविक ४१६ जने के एन्टिजेन परीक्षण कईला पर १८ जने मे संक्रमण पुष्टि भईल बा । संक्रमण पुष्टि भईल मेसे ११ जने नेपाली बाडन आ बाँकी भारतीय बाडन ।
संक्रमण पुष्टि भईल नेपाली नागरिकलोग मे कउनो भी लक्षण ना देखल गईला के चलते होमआइसोलेसन मे रहेके शर्त मे घर पठावल गईल उ बतवनी । माकिर भारतीय नागरिक के भारत ओरी हि फिर्ता पठावल गईल बा ।






