एमाले पर्सा के जिल्ला अधिवेशन मे मारामारी भईला के बाद अनिश्चितकाल के खातिर स्थगित

वीरगंज २८ पुस,
नेतृत्व चयन मे सहमति ना भईला के बाद नेकपा एमाले पर्सा के जिल्ला अधिवेशन अनिश्चितकाल के खातिर स्थगित भईल बा । वीरगंज मे मंगर के दिने उदघाटन समारोह ओरईला के बाद नेतृत्व चयन के खातिर मंगर के रात हि बन्द सत्र सुरु भईल रहे ।
जिल्ला अधिवेशन के बन्द सत्र मे मारामारी भईला के बाद कार्जक्रम स्थगित कईल बा । रात के ११ बजे से शुरू भईल बन्द सत्र मे रात मे १ बजे से तनाव बढल रहे । एक पक्ष सर्वसम्मत नेतृत्व चयन होखेके आ दोसर पक्ष निर्वाचन करावेके बात मे जिद्ध रोपला के बाद सबेरे पौने पाँच बजे के समय मे बन्द सत्र मे मारामारी भईल एमाले के एक नेता बतवनी । मारामारी भितर भईला के बाद बाहर भी घमसान मारामारी होखे लागला के बाद पुलीस हस्तक्षेप कईल प्रत्यक्षदर्शी बतवनी ।
उ समय आक्रोशित कार्यकर्तालोग सभाहल के कुर्सी आ बाहर के फूल के गमला भी तोडफोड कईले रहलन ।
माकिर बन्दसत्र मे नेतृत्व चयन मे सर्वसहमति होखे ना सकला के बाद अध्यक्ष मण्डल सुचना साट के दोसर सुचना जारी ना होखे तक के खातिर अधिवेशन स्थगित कईल एमाले वीरगंज महानगर कमिटी के उपाध्यक्ष महेश दास बतवनी ।
दास के मुताविक बन्द सत्र मे अध्यक्ष, सचिव आ कोषाध्यक्ष के राजनीतिक, सांगठनिक आ आर्थिक प्रतिवेदन सर्वसम्मत से पारित कईल रहे । ओकरा बाद नेतृत्व चयन के खातिर जिल्ला अध्यक्ष प्रभु हजरा के अध्यक्षता मे ५ सदस्यीय अध्यक्षमण्डल गठन कईल रहे । अध्यक्ष मण्डल मे हजरा सँगे राजकुमार गुप्ता, निर्मलवा देवकोटा, अरविन्द सिंह आ राजनारायण भी रहलन ।
दास के मुताविक अध्यक्ष मण्डल के बईठक बईठके जिल्ला अध्यक्ष मे सर्वसम्मत सहमति जुटावेके प्रयास कईल रहे । माकिर अध्यक्ष मण्डल के बईठक मे जिल्ला अध्यक्ष के बारे मे सहमति ना भईला के बाद बन्दसत्र मे आके अध्यक्ष मण्डल के अध्यक्ष हजरा खुद से करेवाला निर्णय सर्वसम्मत रुप मे पास करे खातिर प्रस्ताव कईले रहलन । माकिर बन्दसत्र मे सहभागी प्रतिनिधीलोग सहमति ना जुटला पर चुनावी प्रकृया मे जाएके माग कईले रहलन ।
ओकरा बाद अध्यक्ष मण्डल के अध्यक्ष आ सदस्यलोग बन्दसत्र हल से बाहर निकले लागला पर प्रतिनिधीलोग प्रदर्शन करत उलोग के अवरोध भी कईले रहलन ।
ओकरा बाद अध्यक्ष मण्डल के अध्यक्ष हजरा सुचना टाँस करके अधिवेशन दोसर सुचना ना होखे तक के खातिर स्थगित कईल घोषणा कईल दास जानकारी देहनी ।
एमाले पर्सा के अध्यक्ष के खातिर पूर्वसांसद विचारी यादव, जिल्ला सचिव मनोज गुप्ता, संविधानसभा सदस्य जय प्रकाश थारु, महानगर कमिटी सचिव सुन्दर कुर्मी, नेतालोग विश्वम्भर शर्मा आ नवराज शर्मा करके ६ जने आकांक्षी रहलन ।






