१० किलो चरेससहित एक जनानी पकडईली

वीरगंज २९ पुस
वीरगंज से लागूऔषध चरेससहित पिपरीया परेवा नगरपालिका–९ रौतहट के ४२ बरीस के रंजु देवी पकडाईल बाडी ।
पुलीस चौकी ईनर्वा पर्सा से वीरगंज महानगरपालिका–१६ शंकराचार्य गेट मे खटल नियमित चेकिङ टोली बुध के सँझिया उनका के पकडले रहे । नेपाल से भारत के रक्सौल ओरी पैदल जाएके समय मे जाँच कईला पर उनकर साथ सिे १० किलो चरेश मिलल पुलीस जनवले बा ।
उनकर ढाड, गोड मे पियर रंग के कपडा के डोरी से बान्हके राखल आ ज्याकेट के दुनु ओरी के जेभी से चरेश के प्याकेट मिलल जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा के प्रवक्ता प्रहरी नायब उपरीक्षक ओम प्रकाश खनाल जानकारी देहनी ।






