सभी पार्टी के अध्यक्ष वीरगंज उपर गद्दारी कईलन : प्रदीप यादव

वीरगंज ०५ माघ

मधेश प्रदेश के राजधानी वीरगंज ना भईला मे सभी पार्टी के राष्ट्रिय अध्यक्षलोग दोषी रहल संघिय सांसद प्रदिप यादव बतवले बाडन । बलिदानी दिवस के अवसर मे बुध के दिने वीरगंज के घण्टाघर चौक मे बनल मधेसी शहिद स्मारक मे मधेश आन्दोलन के शहिदलोग के प्रतिमा मे माल्यार्पण करत सांसद यादव अईसन बतवले बाडन ।

उ कहनी, वीरगंज के सभी आन्दोलन मे महत्वपूर्ण भुमिका रहल बा । पुरे मधेश मे जउन पर्सा योगदान देहले बा, उ केहु देहले नईखे । निश्चित रुप मे वीरगंज से गद्दारी भईल बा । आजु नाटक हो रहल बा, मुख्यमन्त्री के घर मे पथल चल रहल बा । हम पथल चलावेवाला के कहेके चाहत बानी । वीरगंज से गद्दारी करेवाला के बाडन, ओकर पहिचान करेके पडि । वीरगंज से गद्दारी करेवाला सभी दल के राष्ट्रिय अध्यक्ष बाडन कहनी ।

उ वीरगंज से सभी दल धोका देहल बतईला पर भी आपन जसपा पार्टी के अध्यक्ष उपेन्द्र यादव के नाम ना लेहनी । सांसद यादव मुख्यमन्त्री मात्र राजधानी तोके ना सकेके कहके बचाउ करत नाम आ राजधानी तोकेके अधिकार प्रदेश सभा के रहल बतवनी । उ वीरगंज राजधानी के खातिर आन्दोलित दल आ नेतालोग के पहिले आपन राष्ट्रियय अध्यक्ष के पुत्ला जरावेके कहत ना त आन्दोलन के नाटक बन्द करे खातिर कहनी ।

सांसद यादव वीरगंज मे राष्ट्रिय स्तर के नेता ना भईला के चलते भी अईसन अवस्था आईल बतवले रहनी । ‘मधेशी समुदाय के पहिचान के लडाई जारी बा, आंशिक उपलब्धी प्राप्त भईल बा, सांसद यादव कहनी, ‘शहिदलोग के सपना पुरा होखेके रास्ता मे हमनी लागल बानी, अब २२ जिल्ला के सिंगो मधेश के लडाई शुरु होखी ।’

सांसद यादव संगे जसपा पर्सा के अध्यक्ष अब्दुल रहिम अन्सारी, प्रदेश सांसद करिमा बेगम, जनत अन्सारी, जिल्ला समन्वय समिती पर्सा के सभापति नेक महमद अन्सारी लगायत जसपा के नेता तथा कार्यकर्तालोग वीरगंज के घण्टाघर मे रहल सहिद स्मार्क मे माल्यार्पण करे पुगल रहलन ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।