मुख्यमन्त्री राउत के घर मे पथल चलावेवाला पटेल छुटलें

वीरगंज ०५ माघ
मधेश प्रदेश के मुख्यमन्त्री लालबाबु राउत के घर मे पथल चलावेवाला आदमी छुटल बाडन । प्रदेश राजधानी जनकपुर तोकला के बाद निकलल नेपाली कांग्रेस के विरोध प्रदर्शन के समय मे मुख्यमन्त्री राउत के घर मे पथल चलावल आरोप मे पकडाईल नेवि संघ पर्सा के जिल्ला समिति सदस्य सुमन पटेल आजु सबेरे रिहा भईल बाडन ।
वीरगंज महानगरपालिका वार्ड नम्बर १ निवासी २६ बरीस के पटेल रिहा भईला के बाद वीरगंज राजधानी के खातिर आन्दोलन करत आईल समुह उनका के फुल माला पहिना के स्वागत कईले रहलन । पथल चलईला से मुख्यमन्त्री के घर के सिसा फुटल रहे । वडा प्रहरी कार्यालय बिर्ता से खटल टोली से पकडल पटेल विरुद्ध आपराधिक उपद्रव सम्बन्धी कसूर मे जरुरी अनुसन्धान अगाडि बढावल गईल जनवले रहे । माकिर पकडाईल पटेल के रिहा करे खातिर चौतर्फी दबाव पुगला के बाद पुलीस एक दिन मे उनका के छोडले बा ।
पटेल के स्वागत करे खातिर जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा मे नेपाली कांग्रेस के वीरगंज महानगर अध्यक्ष भोला प्रसाद कलवार, नेवि संघ के पूर्व केन्द्रिय सदस्य सुधिर पटेल, नेता ओमप्रकाश गुप्ता, विजय सहनी, विवेक कलवार, समाजवादी विद्यार्थी संघ पर्सा के अध्यक्ष अजाज बाबु राँकी लगायत पुगल रहलन ।






