हरिखेतान क्याम्पस के बेतिथि विरुद्ध नेविसंघद्वारा आन्दोलन के घोषणा

वीरगंज ०६ माघ

नेपाल विद्यार्थी संघ ठाकुरराम बहुमुखि क्याम्पस एकाइ समिति आजु पत्रकार सम्मेलन करके हरि खेतान बहुमुखी क्याम्पस के विषय के लेके ६ दिने आन्दोलन के कार्जक्रम घोषणा कईले बा ।

नेपाल पत्रकार महासंघ पर्सा शाखा के सभाहल मे आयोजना कईल पत्रकार सम्मेलन मे एकाइ समिति सभापति मनोजकुमार साह माघ २ गते क्याम्पस प्रमुख के ७ बुंदे माग सहित के ज्ञापनपत्र बुझावल माकिर उ समय तक माग सम्बोधन ना कईला से बाध्य होके आन्दोलन के घोषणा करेके परल बतवनी ।

उ माघ ७ गते से १२ गते तक आन्दोलन घोषणा करत १३ गते शिक्षामन्त्री लगायत सरोकारवाला के ज्ञापनपत्र देवेके बतवनी । माघ ७ गते हरि खेतान के गेट मे एक घण्टा धर्ना, ९ गते क्याम्पस सञ्चालक समिति के ज्ञापन बुझाके छलफल करेके, १० गते राजनीतिक दल के अध्यक्षलोग के ज्ञापनपत्र देवेके, ११ गते घण्टाघर मे हस्ताक्षर अभियान, १२ गते प्रधानमन्त्री, शिक्षामन्त्री आ प्रमुख जिल्ला अधिकारी के एसएमएस पठावेके आ १३ गते शिक्षामन्त्री से भेट करके ज्ञापनपत्र बुझावेके कार्जक्रम रहल बतवले बाडन ।

पत्रकार सम्मेलन मे ने.वि.संघ के जिल्ला उपाध्यक्ष समीर हुसैन, यूथ कांग्रेस नेपाल के प्रदेश सदस्य राहुल कुमार गुप्ता, ताफा अन्सारी, सुधन्सु चौरसिया, राहुल चौरसिया लगायत के सहभागी रहल रहे ।

क्याम्पस प्रमुख डा भगवानप्रसाद यादव हरि खेतान क्याम्पसविरुद्ध सुनियोजित षड्यन्त्र रचल आरोप लगवनी । उ संस्था आपन क्याम्पस के जिम्मेवारी वहन करेके बतावत हरि खेतान उपर ठाडो हस्तक्षेप हो रहल बतवले बानी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।