जसपा के विवाद उत्कर्ष मे, दु समूह के आपन आपन दाबी

वीरगंज ०९ माघ
पर्सा मे जनता समाजवादी पार्टी (जसपा) भितर के विवाद आउर बढत गईल बा । पिछिलका हप्ता दु गो अलग अलग समूह जिल्ला कार्यसमिति गठन आ पुनःगठन कईले रहलन । केन्द्रीय अध्यक्ष उपेन्द्र यादव से असन्तुष्ट समूह बितल माघ २ गते मन्जुर अन्सारी के नेतृत्व मे नयाँ जिल्ला कार्यसमिति गठन कईले बा ।
उपेन्द्र निकट रहल पहिले के अध्यक्ष रामनरेश यादव के समूह बितल शुक के दिने अलगे भेला करके जिल्ला कार्यसमिति पुनःगठन कईले बा । पर्सा मे गठन भईल दु गो अलग अलग जिल्ला कार्य समिति के बारे मे अभी आके जसपा के मधेस प्रदेश समिति मे भी अनेकन विवाद देखल गईला से पर्सा मे जसपा भितर के विवाद आउर उत्कर्ष मे पुगल बा ।
जसपा के मधेस प्रदेश समिति के मुख्य सचिव दिनेश कुमार यादव शनिचर के दिने एक विज्ञप्ति जारी करके पर्सा जिल्ला मे राम नरेश यादव से नेतृत्व कईल जिल्ला कार्य समिति हि पार्टी के आधिकारिक रहल जनवले बा । मुख्यसचिव दिनेश पार्टी के आधिकारीक लेटर प्याड मे विज्ञप्ति जारी करत जिल्लासब मे जनता समाजवादी पार्टी बने से पहिले रहल तत्कालीन समाजवादी पार्टी आ राजपा के समिति हि अभी भी आधिकारिक रहल जनवले बाडन ।
विज्ञप्ति मे पर्सा जिल्ला मे माघ २ मे कुछ समूह मन्जुर अन्सारी के नेतृत्व मे नयाँ जिल्ला कार्य समिति गठन कईल खबर अनेकन सञ्चार माध्यम से जानकारी प्राप्त भईल कहत मधेस प्रदेश समिति के मुख्य सचिव दिनेश उ पार्टी के आधिकारी समिति ना भईल दाबी कईले बाडन ।
केन्द्र मे तत्कालीन समाजवादी पार्टी आ राजपाबीच पार्टी एकता के बाद जिल्लासब मे समायोजन के काम बाँकी हि रहल कहत जसपा के मधेस प्रदेश समिति के मुख्य सचिव दिनेश जिल्ला मे जिल्ला कार्यसमिति गठन करेके अधिकारी मधेस प्रदेश समिति के रहला से अभी के खातिर पर्सा मे रामनरेश यादव नेतृत्व के जिल्ला कार्यसमिति आधिकारीक रहल जनवले बाडन ।
एतवार के दिने जसपा के मधेस प्रदेश समिति के उपाध्यक्ष सुशील यादव एक विज्ञप्ति जारी करके पर्सा मे मन्जुर अन्सारी के नेतृत्व मे गठन कईल नयाँ जिल्ला कार्य समिति हि आधिकारीक रहल दाबी कईले बाडन । जसपा मधेस प्रदेश के उपाध्यक्ष सुशील से जारी कईल विज्ञप्ति मे शनिचर के दिने मधेस प्रदेश समिति के मुख्यसचिव दिनेश से जारी कईल विज्ञप्ति पार्टी के आधिकारीक ना भईल उल्लेख बा । जसपा के मधेस प्रदेश उपाध्यक्ष सुशील पर्सा मे अभी देखल गईल पार्टी भितर के विवाद केन्द्रीय कार्यसमिति से टुंगो लगावेके भईला से मधेस प्रदेश के मुख्य सचिव दिनेश यादव व्याक्तिगतरुप मे जारी कईल विज्ञप्ति के कउनो औचित्य हि ना भईल बतवले बाडन ।
उ पर्सा मे जिल्ला कार्य समिति के दु तिहाइ सदस्य के बईठक बईठके मन्जुर अन्सारी के नेतृत्व मे नयाँ जिल्ला कार्यसमिति गठन कईल लिखित जानकारी मधेस प्रदेश समिति के मिलला से पुराना भा नयाँ कउन समिति के आधिकारिकता देवेके कहके विषय मे केन्द्रीय समिति हि निर्णय करेके बतवले बाडन ।
एने रामनरेश यादव नेतृत्व के जिल्ला कार्य समिति के सचिव तबरेज अहमद अभी प्रदेश समिति के मुख्यसचिव दिनेश यादव शनिचर के दिने जारी कईल विज्ञप्ति हि अधिकारिक भईल दाबी करत उ विज्ञप्ति से पर्सा मे पार्टी भितर बढेके खोजल अराजक संस्कृति के अंकुश लगावेके काम भईल प्रतिक्रिया देहले बाडन । उल्था अन्नपूर्ण





