नेपाली काँग्रेस के सह–महामन्त्री मंसुर के परवानीपुर मे भव्य स्वागत

बारा २१ माघ

नेपाली काँग्रेस के १४ वाँ माहाधिवेशन से केन्द्रिय सह–महामन्त्री मे निर्वाचित फरमुल्लाह मंसुर के परवानीपुर गाँवपालिका कमीटी भब्य स्वागत तथा सम्मान कईले बा ।

स्थानीय होटल क्लार्क मे पुरा भईल कार्जक्रम मे पाटी के नेता, कार्यकर्तालोग के सहभागीता रहल रहे । कार्जक्रम मे मन्त्री मन्सुर स्वागत के खातिर गाँवपालिका कमीटी के धन्यवाद देहले रहनी । नेपाली काँग्रेस पार्टी आपन पुजी भईल आ खुद बाँचेतक पार्टी के सेवा करत रहेके प्रतिबद्धता जनावत हमरा के इहाँ तक पुगावेमे बारा के नेता, कार्यकतालोग के बडका भुमीका रहल आ अब के दिन मे पार्टी के एकजुट बना के अगाडि बढावे खातिर सभी से निहोरा कईनी ।

नेता मन्सुर लोकतन्त्र आ संविधान के जोगाके राखे खातिर आवेवाला तीनु तहके निर्वाचन मे नेपाली काँग्रेस के अग्र स्थान मे पुगावे खातिर पार्टी के नेता, कार्यकर्तालोग से निहोरा कईनी । कार्जक्रम मे बारा जिल्ला अध्यक्ष भोला चौरसिया, संविधान सभा सदस्यलोग, परवानीपुर गाँवपालिका प्रत्यासी लालबाबु यादव, वार्ड अध्यक्ष इश्वरी साह, महिला नेत्री, पार्टी के वार्ड सभापति लगायत के लोग स्वागत तथा शुभकामना मन्तब्य रखले रहनी ।

कार्जक्रम के व्यवस्थापन पालिका के उप सभापती लोहा सिंह, वार्ड सचिव हरिओम पटेल, मंदिप यादव, सदिक देवान लगायत के लोग कईले रहनी ।

गाँवपालिका सभापती पुनदेव प्रसाद यादव के अध्यक्षता मे भईल कार्जक्रम मे स्वागत वार्ड नं ५ के वार्ड सभापती प्रभु पटेल कईले रहनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।