१५ जने जनानी सँगे ८० जने कईलें लहुदान

प्रभु यादव

बारा २९ माघ

बारा के कलैया मे १५ जने जनानी सहित ८० जने कईले बाडे लहुदान । राष्ट्रिय युवा संघ नेपाल से भरत चौक पर आयोजना कईल गईल खुला लहुदान कार्जक्रम मे ६५ जने मर्दाना १५ जनानी कर के ८० जने लहुदान कईले बाडन ।

कोरोना के लहर के लेके लहु के भईल अभाव के पूरा करेला लहु दान कार्जक्रम के आयोजना कईल गईल संघ के अध्यक्ष पुरूषोतम साह जनकारी करावले बानी ।

कार्जक्रम मे लहु संकलन नेपाल रेडक्रस सोसाइटी पर्सा के टोली सब कईले रहनी । कार्जक्रम मे नेकपा एमाले के बारा अध्यक्ष विनोद साह, नेता बलविर चौधरी लगायत के सहभागीता रहल रहे ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।