संयुक्त राष्ट्रिय जनआन्दोलन मोर्चा वीरगंज मे प्रजातन्त्र दिवस मनवलख

वीरगंज ०७ फागुन

संयुक्त राष्ट्रिय जनआन्दोलन मोर्चा द्धारा वीरगंज मे ७२ वाँ प्रजातन्त्र दिवस के अवसर मे प्रजातन्त्र दिवस समारोह पुरा भईल बा ।

वीरगंज स्थित घण्टाघर चौक मे ःऋऋ के बिरुद्ध तथा हिन्दु राष्ट्र आ राजसंस्था स्थापना करावे खातिर एक समारोह के बीच कार्जक्रम पुरा भईल बा ।

संयुक्त राष्ट्रिय जनआन्दोलन मोर्चा पर्सा के अध्यक्ष शम्भु प्रसाद चौरसिया के अध्यक्षता मे भईल कार्जक्रम मे प्रमुख अतिथि तारानाथ लुइटेल, एहितरे बरिष्ठ अधिवक्ता बिष्णु भटराई, शोमराम थापा, केशव ढुंगाना, चन्द्रशेखर यादव, श्रीजना वाग्ले, बिश्वनाथ साह, अजय पौडेल, गया हजरा, उदित सहनी लगायत के सहभागीता रहल रहे ।

कार्जक्रम मे प्रमुख अतिथि लुइटेल देश मे हिन्दु राष्ट्र आ राजसंस्था के जरुरत रहला मे जोड देहले रहनी । एहितरे बरिष्ठ अधिवक्ता भटराई देश मे लोकतन्त्र आ गणतन्त्र आईल समय से हि नेपाल मे लुटतन्त्र भईल बतावत देश मे नेपाली काँग्रेस, नेकपा एमाले, नेकपा माओवादी लगायत के दलसब लुटतन्त्र मचावल बतवले रहनी ।

एहितरे संयुक्त राष्ट्रिय जनआन्दोलन मोर्चा के केन्द्रिय सदस्य विश्वनाथ साह हिन्दु राष्ट्र आ राजसंस्था जलदी आवेके विश्वास व्यक्त कईले रहनी । एहितरे संयुक्त राष्ट्रिय जनआन्दोलन मोर्चा पर्सा के अध्यक्ष शम्भु चौरसिया नेपाल मे एमसीसी लागु करके अफगानिस्तान जईसन हमनी के देश के नेतालोग बनावेके खोज रहला से कउनो भी हालत मे लागु ना होखी आ करेके खोजला पर हमनी कडा आन्दोलन करेमे बाध्य होखेके बतवनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।