मुखिया कप क्रिकेट प्रिमियर लिग सिजन सुरु

वीरगंज १४ फागुन
पर्सागढी नगरपालिका के वार्ड नं ५ टोल बहुअर्वा मे आजु से मुखिया कप क्रिकेट प्रिमियर लिग सुरु भईल बा ।
पर्सागढी नगरपालिका वार्ड नं ५ के बहुअर्वा युवा समाज के आयोजना मे मुखिया कप क्रिकेट प्रिमियर लिग सुरु भईल बा । बहुअर्वा युवा समाज के अध्यक्ष जैरुलहक मियाँ के अध्यक्ष मे भईल कार्जक्रम मे प्रमुख अतिथि पर्सागढी नगरपालिका वार्ड नं ५ के वार्ड अध्यक्ष असलम आलम के प्रमुख आतिथ्यता मे मुखिया कप क्रिकेट प्रिमियर लिग सुरु भईल बा । मुखिया कप क्रिकेट प्रिमियर लिग मे पर्सा जिल्ला के १६ गो क्रिकेट टिम भाग लेहल संस्था के अध्यक्ष जैरुल हक बतवनी । पर्सा जिल्ला के इतिहास मे पहिलका बेर मुखिया कप क्रिकेट प्रिमियर लिग सुरु भईल आ ई खेल निरन्तर होखेके प्रमुख अतिथि एवं युवा नेता वार्ड नं ५ के वार्ड अध्यक्ष असलम आलम प्रतिबद्धता व्यक्त कईले बाडन । युवालोग समाज के गहना हउवन् आ युवालोग के खातिर खेलकुद आवस्यक रहल बतवनी । हमनी के समाज के युवालोग बिहान के दिन मे देश विदेश मे भी पर्सागढी नगरपालिका वार्ड नं ५ के नाम चिनावेवाला खेल के माध्यम से युवा तथा खेलाडीलोग सहजोग करेके बतवले बाडन ।
मुखिया कप क्रिकेट प्रिमियर लिग के उदघाटन रिबन काट के आ वार्ड अध्यक्ष असलम बैटिग्ङ युवा नेता दिपु वर्णवाल बलिग्ङ करके खेल के सुरुवात कईले बाडन ।
उ कार्जक्रम मे विशिष्ट अतिथि पर्सागढी नगरपालिका के फिल्ड सुपरभाइजर शम्भु पडित, अतिथि मंसुर आलम, विकाउ राय भर, रफुल मियाँ, दिपु वर्णवाल, रमेश यादव, आमोदिन मियाँ, अमरोदिन मियाँ, शैनुलाह मियाँ, सकुर मियाँ, लालमहम्द मियाँ, बिरेन्द्र मण्डल लगायत स्थानीयवासी के उल्लेखनीय सहभागिता रहल रहे । कार्जक्रम मे स्वागत मन्तव्य मंजु मण्डल रखले रहनी ।






