पकहामैनपुर गा.पा. वार्ड न. ४ मे निःशुल्क अँखा शिबिर

वीरगंज १७ फागुन

पकहामैनपुर गाँवपालिका वार्ड न. ४ मे निःशुल्क अँखा शिबिर पुरा भईल बा । माट्रिका आइ फोउन्डेसन के आयोजना आ नेकपा एकीकृत समाजबादी पार्टी के सहकार्य मे पकहामैनपुर के वार्ड नं.४ टोल खेसराहा मे निःशुल्क आँखा शिबिर पुरा भईल बा ।

नेकपा एकीकृत समाजवादी के पकहामैनपुर गाँवपालिका अध्यक्ष मदन हजरा पासवान के अध्यक्षता मे भईल शिविर मे माट्रिका आइ फाउन्डेसन से खटल डाक्टर आ आउर प्राबिधिक सहजोगीलोग मोतिया बिन्दु के चेकजाँच कईले रहनी ।

शिबिर मे ४०० जने के चेकजाँच भईल जउना मेसे ६० जने मे मोतिया बिन्दु मिलल आ उलोग के बुध के दिने अस्पताल मे निःशुल्क अप्रेशन करेके डा. आदित्य तिवारी बतवनी ।

शिबिर मे नेकपा एकीकृत समाजबादी पार्टी के स्थानीय नेता कार्यकर्तालोग सन्तोष चौरसिया, प्रभु पटेल, हमिद मिया, नेजमा खातुन, रामनाथ प्रसाद साह, नेशा खातुन लगायत के सहभागीता रहल रहे ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।