
वीरगंज १२ माघ,
३९० घण्टे अनेकन सिपमुलक तालिम आजु से वीरगंज मे सुरु भईल बा । क्रियटीभ स्कील्स प्राईभेट लिमिटेड के आयोजना मे माईस्थान धर्मशाला मे सुरु भईल तालिम के उदाटन वीरगंज महानगरपालिका के उपप्रमुख शान्ति कार्की कईले रहनी ।
सिपमुलक तालिम अन्तर्गत रेफ्रिजरेशन तथा एयर कन्डिसन मेकानिक, व्युटिसियन आ टेलरीङ्क संचालन होखेके क्रियटीभ स्कील्स प्राईभेट लिमिटेड के अन्जु कुमारी चौहान बतवनी ।
जनानीलोग के खातिर अनेकन सिपमुलक तालिम अन्तर्गत टेलरीङ्क तालिम मे ४० जने, रेफ्रिजरेशन तथा एयर कन्डिसन मेकानिक तालिम मे २० जना आ व्युटिसियन मे ६० जने जनानी तथा युवतीलोग तालिम लेवेके चौहान बतवनी ।
सिपमुलक तालिम से जनानीलोग के व्यक्तित्व बिकाश संगे आर्थिक रोजगारी होखेवाला भईला से ओइसन तालिम निरन्तरण आयोजना करत आईल क्रियटीभ स्कील्स प्राईभेट लिमिटेड के अध्यक्ष राकेश साह बतवनी ।
उ तालिम मे देवी श्रेष्ठ, सानु चौहान, बिमला श्रेष्ठ, मन्दिरा राउत, रतनेश सिंह लगायत के लोग प्रशिक्षण देवेके चौहान बतवनी । उदघाटन समारोह मे वीरगंज महानगरपालिका कार्यपालिका सदस्य अरविन्द गुप्ता, विजय पौडेल, भगगती खड्का, उर्मीला थापा, राधा हमाल, कल्पना खड्का लगायत के सहभागीता रहल रहे ।




