नेकपा एस के बईठक से अनेकन निर्णय

वीरगंज २१ फागुन

नेपाल कम्युनिष्ट पार्टी (एकीकृत समाजवादी) पर्सा जिल्ला कमिटी के दुसरका बईठक आजु पुरा भईल बा ।

बईठक के प्रमुख अतिथि पार्टी के केन्द्रिय सचिव एवं पूर्व मन्त्री नागेन्द्र चौधरी स्थानिय तह के चुनाव नजिकात जा रहला से चुनाव ओरी जिल्ला कमिटी सदस्यलोग के ध्यान केन्द्रित होखेके बात मे जोड देहनी ।

पार्टी के संगठन निर्माण आ एमसीसी सन्दर्भ मे चर्चा करत हमनी के पार्टी के निर्णय बमोजिम १२ बुंदे व्याख्यात्मक घोषणा सहित के एमसीसी संसद् से पास भईल बतवनी । नेपाली कांग्रेस, नेकपा एमाले, लोसपा सहित के पार्टीसब एमसीसी के यथास्थिति मे पास करेमे लागला पर भी एकीकृत समाजवादी के पहल मे व्याख्यात्मक घोषणा सहित के प्रावधानसब राख के पास भईल नेता चौधरी बतवनी ।

बईठक मे पार्टी के पर्सा अध्यक्ष बालगोपाल थापा राजनीतिक, सांगाठनिक प्रतिवेदन प्रस्तुत कईला पर जिल्ला कमिटी के सदस्यलोग सल्लाह, सुझाव सहित पारित कईले रहलन । स्थानिय तह के चुनाव केन्द्रित उ बईठक मे सहभागी वक्तालोग चुनाव के रिजल्ट पार्टी के पक्ष मे लियावे खातिर आपन आपन सुझाव रखले रहलन । पार्टी के जिल्ला सचिवालय जिल्ला के करिब दु दर्जन मेहनती कार्यकर्ता के जिल्ला सदस्य मे मनोनित कईला से उलोग के जिल्ला कमिटी के बईठक से अनुमोदन कईले रहे । नयाँ थपाईल सदस्यलोग के प्रमुख अतिथि चौधरी बधाई देत सपथग्रहण करवले रहनी ।

पार्टीका जिल्ला अध्यक्ष बालगोपाल थापा के अध्यक्षता मे भईल बईठक मे विशिष्ट अतिथि पार्टी के पोलिटव्युरो सदस्य एवं पर्सा जिल्ला ईन्चार्ज रामचन्द्र साह, पोलिटव्युरो सदस्य एवं वीरगंज महानगर ईन्चार्ज चिरञ्जीवी आचार्य, सांसद् डा. पुष्पा कर्ण, केन्द्रिय लेखा आयोग के सदस्य किशोरी कुशवाहा, वीरगंज महानगर अध्यक्ष मनोज चौधरी लगायत के सहभागीता रहल रहे ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।