लघु, घरेलु तथा साना उद्योग अर्थतन्त्र के मेरुदण्ड ह : प्रम देउवा

वीरगंज २६ फागुन
प्रधानमन्त्री शेरबहादुर देउवा लघु, घरेलु तथा साना उद्योग अर्थतन्त्र के मेरुदण्ड भईल बतवले बाडन । एकर दीगो आ प्रतिष्पर्धी विकास से देश मे गरिबी निवारण से लेके आर्थिक समाजिक रुपान्तरण मे सकारात्मक योगदान पुगेके उनकर कहनाम बा ।
वीरगंज मे बियफे के दिने आयोजना कईल नेपाल घरेलु तथा साना उद्योग महासंघ के २५ वाँ राष्ट्रिय अधिवेशन तथा २२ वाँ राष्ट्रिय महिला उद्यमी सम्मेलन के उदघाटन करत देउवा अईसन बतवले बाडन ।
अभी भी घरेलु तथा साना उद्योगसब स्वदेशी श्रम, सीप, पूँजी आ कच्चा पदार्थ के उच्चतम प्रयोग करके आन्तरिक उत्पादन वृद्धि आ रोजगारी सृजना मे योगदान पुगावल कहत उ सराहना कईनी ।
‘लघु, घरेलु तथा साना उद्योग देश के कुल ग्राहस्थ उत्पादन मे महत्वपूर्ण योगदान पुगवले बा । लाखो संख्या मे रोजगारी के अवसर प्रदान करत आईल बा,’ प्रधानमन्त्री देउवा कहनी, ‘आउर प्रवद्र्धन करत राष्ट्रिय अर्थतन्त्र मे ई क्षेत्र के योगदान बढावल जरुरी बा । ई क्षेत्र के विकास आ सहजीकरण के खातिर सहजोग करे खातिर नेपाल सरकार प्रतिबद्ध बा ।’
अतिकम विकसित से देश विकासशील देश मे परिणत होखे जा रहल अवस्था मे लघु, घरेलु तथा साना उद्योग के विकास के खातिर तीनु तह के सरकार एक आपस मे समन्वय करके प्रभावकारी योजना के साथ काम करेके उनकर कहनाम बा । सुमधुर श्रम सम्बन्ध आ औद्योगिक शान्ति कायम करावे खातिर सरकार प्रतिबद्ध रहल उ बतवनी ।
देश मे जनता से प्रयोग करेवाला अधिकांश वस्तु तथा सेवा विदेश से आयात हो रहल स्थिति मे एकओरी औद्योगिकीकरण, आत्मनिर्भर अर्थतन्त्र विकास आ दोसर ओरी विदेशी मुद्दा के माग मे अत्यधिक चाप सृजना होके अर्थतन्त्र मे दबाब सृजना हो रहल प्रधानमन्त्री देउवा के कहनाम बा ।
‘देश भितर स्थानीय स्रोत आ साधन के परिचालन से हमनी के दैनिक जीवन मे जरुरी वस्तु तथा सेवा उत्पादन करे खातिर सभी केहु जोड देवेके जरुरत बा । लघु, घरेलु तथा साना उद्योग से निर्यातजन्य वस्तु उत्पादन करके व्यापार घाटा के स्थिति मे सुधार लियावेके पडि’ उ कहनी ।
कोभिड–१९ से प्रभावित अर्थतन्त्र के पुनर्स्थापित करे खातिर उत्पादन वृद्धि करके निर्यात के जोड देवेके बात मे प्रधानमन्त्री देउवा जोड देहनी ।
कोभिड–१९ से लघु, घरेलु तथा साना उद्योग मे पारल नकारात्मक प्रभाव के कम करे खातिर सरकार आउर राहत आ छुट सहुलियत के कार्जक्रम तय करेके बतावत प्रधानमन्त्री देउवा महासंघ आवद्ध घरेलु तथा साना उद्योग भी अर्थतन्त्र के पुर्नजीवन मे सहजोग करेके बात मे जोड देहनी । विश्व बजार मे सूचना प्रवृधि आ सेवा क्षेत्र के प्रवद्र्धन से लाभ उठावे खातिर प्रधानमन्त्री देउवा के निहोरा बा । सरकार घरेलु तथा साना उद्योग के विकास के खातिर सुविधा आ सहुलियत, कृषि उद्योग के विकास के खातिर अनेकन योजनासब लियावल बतावत उ उद्यमीलोग के समुचित उपयोग करेके सुझाव देहनी । उ समय मे आवेवाला चुनौति समाधान करे खातिर सरकार तत्पर रहल उनकर कहनाम बा ।






