नेपाल हर्बल उद्योग मे छापा, बहुते परिमाण मे म्याद बितल सामान बरामद

वीरगंज २९ फागुन

सरकारी अनुगमन टोली वीरगंज के एक उद्योग मे छापा मार के म्याद बितल कस्मेटिक सामान जफत करके नोक्सान कईले बा । वीरगंज–१० आदर्शनगरस्थित नेपाल हर्बल इण्डस्ट्रिज उद्योग मे अनुगमन टोली छापा मार के ६३ लाख रोपेया से बेसी दाम के म्याद बितल कस्मेटिक सामानसब बरामद करके नोक्सान कईले बा ।

एतवार के दिन के जिल्ला प्रशासन कार्यालय आ वाणिज्य आपूर्ति तथा उपभोक्ता संरक्षण कार्यालय से खटल अनुगमन टोली हर्बल उद्योग मे पुग के म्याद बितला से प्रयोग के खातिर अयोग्य भईल सामानसब नोक्सान कईले बा ।

जिल्ला प्रशासन कार्यालय के अधिकृत विनय श्रीवास्तव के नेतृत्व मे खटल टोली उ हर्बल उद्योग मे छापा मारके म्याद बितल ६३ लाख ६२ हजार १ सय ३५ रोपेया मूल्य के कस्मेटिक सामान जफत करके जराके नोक्सान कईले बा ।

उद्योग के गोदाम मे भण्डारण करके राखल म्याद बितल क्रिम, केस मे लगावेवाला जेल, रंग, नङ–पोलिसलगायत ३२ हजार ५ सय ६ थान कस्मेटिक सामान जफत करके नोक्सान कईल वाणिज्य आपूर्ति तथा उपभोक्ता संरक्षण कार्यालय के निमित्त प्रमुख दिलीप खङखत्वे जानकारी देहनी । अनुगमन टोली के प्रमुख श्रीवास्तव के मुताविक विश्वकरण जैन सञ्चालक रहल उ हर्बल उद्योग से म्याद बितल कस्मेटिक सामानसब भी बजार मे बिक्री कर रहल सूचना स्थानीय प्रशासन के मिलल रहे ।

उहे सूचना के आधार मे खटल अनुगमन टोली उद्योग मे पुग के छापा मरले रहे । उद्योग के गोदाम मे छापा मारेके समय मे म्याद बितल कस्मेटिक सामान मिलला के बाद टोली सुरु मे गोदाम शील कईले रहे ।

ओकरा बाद गोदाम मे रहल सामानसब के उत्पादन मिति, प्रयोग करेके मिति के बारे मे एक–एक करके लगत लेहला के बाद उ सामानसब जराके नोक्सान कईल श्रीवास्तव बतवनी ।

उनका मुताविक कस्मेटिक सामानसब के प्रयोग करेके समयावधि, उत्पादन भईल मिति से ३ बरीस के मात्र रहे । माकिर, प्रयोग करेवाला मिति वितला पर भी उद्योग सामानसब नोक्सान ना करके बजार मे पठावे खातिर गोदाम मे भण्डारण करके राखल अवस्था मे मिलला से जफत करके नोक्सान कईल श्रीवास्तव बतवनी । उद्योग के सञ्चालक जैन एतवार के दिने उद्योग मे ना मिलला से उनका के जिल्ला प्रशासन कार्यालय मे हाजिर होखे खातिर पत्र काटल श्रीवास्तव बतवनी । उल्था अन्नपूर्ण

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।