प्रगतिशील जनस्वास्थ्य महासंघ के पदाधिकारी के सपथग्रहण

वीरगंज ३० फागुन

अखिल नेपाल प्रगतिशील जनस्वास्थ्य महासंघ वीरगंज महानगर के अधिवेशन से निर्वाचित कार्यसमिति के पदाधिकारी आ सदस्यलोग के सपथग्रहण पुरा भईल बा ।

पर्सा जिल्ला के ठोरी गाँवपालिका मे एगो भव्य कार्जक्रम के बीच अध्यक्ष मे फेनु निर्वाचित करन पटेल लगायत पदाधिकारी आ सदस्यलोग के सपथग्रहण पुरा भईल बा ।

निर्वाचित पदाधिकारी एवं सदस्यलोग के कार्जक्रम के प्रमुख अतिथि महासंघ के केन्द्रिय बरिष्ठ उपाध्यक्ष नागमनी पटेल सपथ ग्रहण करवले रहनी ।

उ अवसर मे विशिष्ट अतिथि महासंघ के बरिष्ठ उपाध्यक्ष छठु चौधरी, ठोरी गाँवपालिका के अध्यक्ष पि.एल. श्रेष्ठ, महासंघ के केन्द्रिय सचिव एवं मधेश प्रदेश सह–संयोजक तथा अखिल नेपाल प्रगतिशिल स्वास्थ्यकर्मी संगठन के केन्द्रिय उपाध्यक्ष सुभाष चन्द्र गुप्ता, केन्द्रिय सदस्य अली अखबर हुसैन लगायत बारा, पर्सा के स्वास्थ्यकर्मीलोग के सहभागीता रहल रहे ।

महासंघ के अधिवेशन बितल अगहन १७ गते वीरगंज के देव पार्टी प्यालेस मे भईल नवनिर्वाचित महानगर अध्यक्ष पटेल बतवले बानी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।