जगरनाथपुर गाँवपालिका मे विद्यार्थीलोग कईलें तोडफोड

वीरगंज ०२ चईत

पर्सा के जगरनाथपुर गाँवपालिका कार्यालय मे बुध के दिने विद्यार्थीलोग तोडफोड कईले बाडन । श्री ने.रा.मा.वि. मसियानी के आन्दोलनरत विद्यार्थीलोग गाँव कार्यपालिका के कार्यालय जगरनाथपुर मे तोडफोड कईले बाडन ।

आक्रोशित विद्यार्थीलोग ईटापथल चला के गाँव कार्यापालिका कार्यालय के डिजिटल बोर्ड, झ्याल के सिसा आ गमलासब फोरले बाडन ।

विषयगत शिक्षक के माग करत आन्दोलित विद्यार्थीलोग बुध के दिने गाँव कार्यपालिका के कार्यालय पुगल रहलन । गाँव कार्यपालिका कार्यालय अगाडी शिक्षक के माग करत प्रदर्शन करेके समय मे गाँवपालिका अध्यक्ष जालिम मियाँ पुलीस लगाके पिटपाट भी करावल विद्यार्थीलोग आरोप लगवले बाडन । विद्यालय मे लम्हर समय से शिक्षक कमी रहल आ अनियमित तरिका से पढाई होत आईल आन्दोलित विद्यार्थीलोग के कहनाम बा ।

प्रदर्शन के समय मे अर्जुन गुप्ता, महेश तेली, आलम मियाँ, राज पटेल लगायत के विद्यार्थीलोग घायल भी भईल जनावल गईल बा ।

प्रदर्शन मे उतरल एक दर्जन विद्यार्थीलोग के इलाका प्रहरी कार्यालय पोखरिया नियन्त्रण मे लेहले रहे । प्रहरी नियन्त्रण मे रहल विद्यार्थीलोग के छोडावे खातिर इलाका प्रहरी कार्यालय पोखरिया पुगल नेपाली कांग्रेस पर्सा क्षेत्र नं. ४ के सभापति श्रीकान्त यादव आ गाँवपालिका अध्यक्ष जालिम मियाँ बिच विवाद भी भईल रहे ।

सुरु मे इलाका प्रहरी कार्यालय मे कांग्रेस के क्षेत्रिय सभापति यादव पुगल रहलन । बाद मे गाँवपालिका अध्यक्ष मियाँ पुगला के बाद दुनु जने बीच बादविवाद भईल समाचार स्रोत जनवले बा । एने गाउँ कार्यपालिका कार्यालय एक प्रेस विज्ञप्ती जारी करत कुछ विद्यार्थीलोग के समुह मंगर के दिने श्री नेरा मावि मसियानी आ बुध के सबेरे ११ः३० बजे वार्ड नं. ५ के कार्यालय, दिनके १२ बजे श्री बाल बिकास के मधुवाहा तथा गाँव कार्यापालिका कार्यालय के सार्वजनिक सम्पति तोडफोड कईल जनवले बा । गाउँपालिका के प्रमुख प्रशासकिय अधिकृत राज कुशवाहा, शिक्षा प्रमुख नरेश महतो, योजना प्रमुख दिपेन्द्र दास, प्राविधिक प्रमुख ई. सदाम हुसैन, सामाजिक विकास प्रमुख मजमुल्ला अहमद, प्रशासन प्रमुख अशोक सिंह, जिन्सी प्रमुख उत्तम क्षेत्री संयुक्त रुप मे प्रेस विज्ञप्ती जारी करत सार्वजनिक सम्पती के तोडफोड करे करावेवाला जे केहु के भी कानुन बमोजिम निष्पक्ष छानविन करके दोषी उपर कारवाही करेके माग कईले बाडन ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।