पर्सा के जगरनाथपुर गाँवपालिका मे अख्तियार के छापा, कागजात नियन्त्रण मे

वीरगंज १५ चईत
पर्सा के जगरनाथपुर गाँवपालिका के कार्यालय मे अख्तियार दुरुपयोग अनुसन्धान आयोग छापा मरले बा । हेटौडास्थित आयोग के क्षेत्रीय कार्यालय से प्रहरी नायव उपरीक्षक गणेश बराल नेतृत्व मे खटल टोली मंगर के दिन के गाँवपालिका के कार्यालय मे पुग के छापा मरले बा ।
कोभिड से प्रभावित विपन्न परिवार के खातिर राहत बाटे ला बितल पुस मे केन्द्र सरकार से पठावल अनुदान के रोपेया, हिनामिना कईल खबर सार्वजनिक भईला के बाद उहे विषय के लेके अख्तियार गाँवपालिका के कार्यालय मे छापा मरले बा ।
अनुदान के रोपेया हिनामिना करके दुरुपयोग कईल विषय मे जगरनाथपुर गाँवपालिका के कार्यालय मे अख्तियार के टोली छापा मारल आयोग के क्षेत्रीय कार्यालय हेटौडा के सूचना अधिकारी विष्णुप्रसाद सापकोटा जानकारी देहनी ।
अख्तियार के टोली अभी भी गाँवपालिका के कार्यालय मे रहल आ अनुदान के रोपेया दुरुपयोग सम्बन्धी कागज आ फाइलसब संकलन कर रहल सापकोटा जानकारी देहनी । कोभिड प्रभावित परिवार के जनही १० हजार रोपेया के दर से वितरण करे खातिर केन्द्र सरकार बितल पुस अन्तिम हप्ता जगरनाथपुर गाँवपालिका के कार्यालय मे ८८ लाख रोपेया पठवले रहे ।
माकिर, गाँवपालिका के कर्मचारी आ जनप्रतिनिधिलोग उ रकम, कोभिड प्रभावित के वितरण ना करके स्वास्थ्यकर्मी आ शिक्षक के तलब खियावे से कर्मचारी के सापटी देके हिनामिना कईल आरोप बा । गाँवपालिका कार्यालय उ रोपेया, कोभिड प्रभावित परिवार के वितरण कईल रिपोर्ट केन्द्र मे पेश कईले बा । माकिर उहाँ के कोभिड प्रभावितत केहु भी उ रोपेया मिलल नईखे ।
गाँवपालिका के प्रमुख प्रशासकीय अधिकृत राज कुशवाह स्वंय भी अनुदान के रकम शिक्षक के चौमासिक तलब मे खर्च कईल स्वीकार कईले बाडन ।
८८ लाख मेसे २४ लाख रोपेया गाँवपालिका के तत्कालीन स्वास्थ्य शाखा संयोजक रामसिकिल साह के सापटी देहल भी उ बतवनी ।
माकिर २४ लाख रोपेया सापटी लेहल साह के कोरोना संक्रमण के चलते मृत्यु भइल बा । अनुदान के खातिर केहु के आवेदन हि ना परल प्रमुख प्रशासकीय अधिकृत कुशवाहा के कहनाम बा । जगरनाथपुर गाँवपालिका के अध्यक्ष जालिम मियाँ भी कोरोना प्रभावित विपन्न परिवार के अनुदान रकम अभी तक वितरण ना कईल बतवनी ।
जनता के राहत बाटे आईल अनुदान के रकम आउर शीर्षक मे खर्च भईल बारेमे खुद के जानकारी हि ना भईल कहत उ, ’रकम दुरुपयोग भईल बा कहके एकर जिम्मेवार प्रमुख प्रशासकीय अधिकृत हि होखिहें ।





