काँग्रेस पर्सा के जिल्ला कार्य सम्पादन र संसदीय समिति गठन

वीरगंज १६ चईत
नेपाली काँग्रेस पर्सा जिल्ला कार्य सम्पादन समिति आ जिल्ला संसदीय समिति गठन कईले बा । जिल्ला सभापति जनार्दन सिंह क्षेत्री के अध्यक्षता मे मंगर के दिने बईठल बईठक से पार्टी के बिधान मुताविक कार्य सम्पादन आ संसदीय समिति गठन कईल कांग्रेस पर्सा के प्रवक्ता रमेश पाण्डे जानकारी देहनी ।
गठित जिल्ला कार्यसम्पादन समिति मे पेदेन सभापति जनार्दन सिंह क्षेत्री, उपसभापति रामनारायण कुर्मी, अशोक गुप्ता, सचिव इम्तियाज आलम, दिनेश चौधरी, सह सचिव नविन कुमार सिंह, मदन राउत अहिर आ कोषाध्यक्ष प्रेम बहादुर थापा रहल बाडन ।
एहितरे कार्य सम्पादन समिति के मनोनित सदस्य मे चन्द्रावति देवी, दोरिका महतो, जितेन्द्र पुरुष ढकाल, तुलसा राम चौधरी, राजेश्वरप्रसाद यादव, हिरा साह, ललन द्विवेदी, शैलेन्द्र यादव, फजिल मियाँ तेली, ढेढी यादव, किरण गुप्ता, रमेश पाण्डेय, सुरेन्द्र यादव, होममाया थापा आ मोहन चौधरी थारु रहल बाडन ।
जिल्ला संसदीय समिति के पेदेन सभापति जनार्दन सिंह क्षेत्री, सचिव इम्तियाज आलम, दिनेश चौधरी आ सदस्य मे उपसभापति रामनारायण कुर्मी, अशोक गुप्ता, सह सचिव नविन कुमार सिंह, मदन राउत अहिर, कोषाध्यक्ष प्रेम बहादुर थापा, सदस्यलोग रमेश पाण्डेय, जतन राउत, गम्भीरा साह, ललन द्विवेदी, माधव राउत थारु रहल बाडन ।
मंंगर के दिने बईठल जिल्ला कार्य समिति के बईठक मे पार्टी के बिधान मुताविक कार्य सम्पादन समिति आ संसदिय समिति मे सभापति से प्रस्तावित होके आईल नामसब सर्वसम्मत अनुमोदन भईल प्रवक्ता पाण्डे जानकारी करवनी ।
वीरगंजस्थित आत्माराम ओझा आ दुःखा सहनी स्मृति भवन मे रहल पार्टी कार्यालय मे आजु आयोजना कईल पत्रकार सम्मेलन मे प्रवक्ता पाण्डे बैशाख ३० गते होखेवाला स्थानिय तह के निर्वाचन के खातिर पार्टी उम्मेदवार छनौट पक्रिया भी सुरु कईल बतवनी ।
उ वार्ड से गाँवपालिका तक के उम्मेदवार छनौट करेके जिम्मा समिति के, नगरपालिका के प्रदेश समिति के, उपमहानगरपालिका आ महानगरपालिका के केन्द्रिय समिति के अधिकार रहल बतावत उहे मुताविक उम्मेदवार छनौट पक्रिया सुरु कईल जानकारी करवनी ।
उम्मेदवार के नाम चईत २० गते तक जिल्ला समिति के सिफारिस करे खातिर वार्ड, गाँव आ नगर समिति के पत्रचार भी कईल बतवनी । पत्रकार के सवाल मे बोलत प्रवक्ता पाण्डे गठबन्धन भईला पर भी वीरगंज महानगर के मेयर मे हमनी के दावी रहल बतवनी ।






