बहुदरमाई नगरपालिका मे तालाबन्दी करेके खोजला पर दु पक्ष बीच झडप

वीरगंज २० चईत
पर्सा के बहुदरमाइ नगरपालिका के कार्यालय मे एतवार के दिने तालाबन्दी करे गईल नेकपा एमाले के कार्यकर्ता आ नगरप्रमुख नितेन्द्र साह पक्षबीच झडप भईल बा । वार्ड नम्बर–४ डकैला बहुअुरीस्थित नगरपालिका के कार्यालय मे तालाबन्दी करे खातिर एतवार के दिन के एमाले के नेता कार्यकर्तालोग गईल रहलन ।
माकिर एमाले के नेता कार्यकर्तालोग के नगरप्रमुख साह पक्ष के आदमीसब के समूह कार्यालय के मुल गेट मे रोकला के बाद दुनु पक्षबीच विवाद होके सामान्य झडप भर्ईल प्रत्यक्षदर्शी बतवले बाडन । नगर प्रमुख साह नेपाली काँग्रेस से निर्वाचित भईल बाडन ।
दु पक्षबीच विवाद होके हाथ हालाहाल होखे लागला के बाद पुलीस हस्तक्षेप करके स्थिती के नियन्त्रण मे लेहल प्रत्यक्षदर्शी बतवले बाडन । पर्सा के प्रहरी नायव उपरिक्षक प्रहलाद कार्की दु पक्ष बीच विवाद होके स्थिती तानवपूर्ण होखे लागला के बाद पुलीस हस्तक्षेप कईल बतवनी ।
दुनु पक्ष के सम्झाबुझाव कईला के बाद एमाले के नेता कार्यकर्तालोग नगरपालिका कार्यालय से फिर्ता आईल उ बतवनी । उहाँ के सामान्य बनला के बाद यद्यपि सम्भावित झडप होखे ना देवे खातिर उहाँ प्रयाप्त संख्या मे पुलीस खटावल गईल उ जानकारी देहनी ।
एमाले के स्थानीय नेता शीव पटेल नगरपालिका कार्यालय मे तालाबन्दी करे गईला पर गेट मे रहल नगर प्रमुख साह के आदमीसब अवरोध करके भितर घुसे ना देहल आ आपन कार्यकर्तालोग उपर हातपात भईल बतवनी । उ कहनी, ‘गेट मे पुगते मातर नगर प्रमुख साह आ उनकर गुण्डासब हमनी उपर आक्रमण कईले, हाथपात भी कईलन ।
पुलीस भी तालाबन्दी करे ना मिलेके कहला के बाद जोरजबरजस्ति ना करके हमनी उहाँ से फिर्ता भईल एमाले नेता पटेल बतवनी । उनका मुताविक नगरपालिका के आयव्यव विवरण सार्वजनिक करेके माग करत एमाले के स्थानीय नेता कार्यकर्तालोग एक हप्ता के अल्टिमेटम देत १० दिन पहिले नगरपालिका के कार्यालय मे ज्ञापनपत्र बुझवले रहलन ।
माकिर ७ दिन के अल्टिमेट ओरईला ३ दिन बितला पर भी कउनो सुनुवाइ ना भईल कहत एतवार के दिने नेता पटेल के नेतृत्व मे एमाले के नेता कार्यकर्तालोग नगरपालिका के कार्यालय मे तालाबन्दी करे गईल रहलन ।






