स्थानीय तह के निर्वाचन मे गठबन्धन होखी : अध्यक्ष नेपाल

प्रभु यादव
बारा २५ चईत
नेपाल कम्युनिष्ट पार्टी (एकीकृत समाजवादी) के अध्यक्ष एवं पूर्वप्रधानमन्त्री माधवकुमार नेपाल पाँच दलीय गठबन्धन के आउर प्रगाढ बनावेके बतवले बानी । उ स्थानीय तह मे गठबन्धन करेके उल्लेख कईनी ।
बारा के कलैया मे समाजवादी प्रेस सङ्गठन नेपाल बारा से आयोजना कईल पत्रकार सम्मेलन मे अध्यक्ष नेपाल गठबन्धन के सरकार नागरिक के अमन चयन दिलावेके रास्ता मे अगाडि बढके शान्ति आ सुव्यवस्था कायम करत अगाडि बढ रहल प्रष्ट कईनी । तोकल समय मे निर्वाचन होखेमे खुद आशावादी रहल उनकर कहनाम रहे ।
नागरिता विधेयक सदन मे कानुन के कमी मे अडक रहल अध्यक्ष नेपाल बतवनी । राष्ट्रिय सहमति जुटाके नागरिकता ऐन पारित करेके रास्ता मे प्रधानमन्त्री शेरबहादुर देउवा सँगे परामर्श हो रहल उल्लेख करत उ जलदी हि उ विधेयक पारित होखेके बिचार रखनी ।
अभी चुनाव के समय रहल बा बजार मे होरहल हल्ला के पछाडी ना सत्य बा त सत्य ना भईल त असत्य माने के नेपाल बतवले बानी । नेकपा एकृकित समाजवादी पार्टी व्यक्ति के दुसमन ना भईल गरिबी, बेरोजगारी, उत्पिडन, अन्याय, भ्रष्टाचार के रहल नेपाल पत्रकार सब से बात करत जनावले बानी । आपने समनता न्याय सम्वृद्धी विकास के पक्ष मे रहल नेपाल बतावले बानी ।
प्रवृती विकास के बाधक रहल बा हमनी दक्षिणपन्थी के प्रवृत्ति विचार सब बाधक हवे संविधान के रक्षा कर के चाह रहल बानी नेपाल बतावले बानी । नेपाल मे जनता सब के घर बाँस बनावेला अवास कार्जक्रम आपने प्रधानमन्त्री भईल बेरमे आईल बतावले रहनी ।
आपन पार्टी बईसाख ३० गते होखेवाला चुनाव मे लागल नेपाल जनकारी करावले बानी । सुन्दर विश्वकर्मा के अध्यक्षता मे भईल पार्टी प्रवेश कार्जक्रम मे सयौ के सख्या मे दुसर पार्टी त्याग के प्रवेश कईले रहल ।
कार्जक्रम मे समाजवादी पार्टी के नेता नगेन्द्र चौधरी, दिनेश राई, सुन्दर विश्वकर्मा लगायत के सहभागीता रहल रहे ।






