कांग्रेस से वीरगंज के उपमेयर उम्मेदवार मे १३ जने सिफारिस

वीरगंज १० बैशाख
नेपाली कांग्रेस से वीरगंज महानगरपालिका के उपमेयर के खातिर १३ जने के नाम सिफारिस भईल बा । वीरगंज महानगर कमिटी आकांक्षी १३ जने के नाम केन्द्र मे सिफारिस कईले बा ।
केन्द्र से गठबन्धन कईला पर वीरगंज महानगरपालिका मे कांग्रेस के उप मेयर मिलल बा । गठबन्धन से उपमेयर के उम्मेदवार बने मिलला पर जितेके सम्भावना बेसी होखेवाला भईला के बाद आकांक्षी बेसी देखल गईल बा ।
उपमेयर के खातिर अभी के उपमेयर शान्ति कार्की, जिल्ला सचिव इम्तियाज आलम, नेतृ डाक्टर सुस्मा तिवारी, नेतालोग नरेन्द्र साह, प्रकाश उपाध्याय, विजय सर्राफ, क्षेत्रीय सभापति महम्मद साहवुदिन, कार्यपालिका सदस्य अरविन्द गुप्ता, महानगर के पूर्सवभापति भोला कलवार, नेता राजु गुप्ता, नेतृलोग किरण सरकार, रुपा श्रेष्ठ, विद्या श्रेष्ठ के नाम सिफारिस भईल नेपाली कांग्रेस महानगरपालिका समिति स्रोत जनवले बा ।
मेयर के आकांक्षीलोग भी उपमेयर मे दाबेदारी देवे अईला के बाद आकांक्षी के संख्या बेसी देखल गईल बा । नेतालोग नरेन्द्र साह, प्रकाश उपाध्याय, विजय सर्राफ मेयर के आकांक्षी रहलन । मेयर जसपा के भाग मे परला के बाद उलोग उप मेयर मे दाबेदारी देहले बाडन ।





