बैशाख ३० गते होखेवाला स्थानिय चुनाव मे सहभागिता खातिर उत्साहजनक मनोनयन दर्ता

प्रभु यादव

बारा १२ बैशाख

बारा मे बैशाख ३० गते होखेवाला स्थानिय चुनाव मे सहभागी होखे खातिर उत्साहपूर्वक राजनीतिक दल के उमेदवार सब मनोयन दर्ता करावले बाडन ।

पहिलका दिन एतवार के उमेवारी दर्ता करावेवाला के भिड ना देखल गईल दुसरा दिन सोमार के दुपहर के बाद भिड भईल रहल । बारा के १६ पालिका मे उपमहानगरपालिका दु गो, नगरपालिका ५ गो आ ९ गो गाँवपालिका के निर्वाचन अधिकारी के कार्यालय मे उमेदवारी दर्ता करावेला भिड लागल रहे ।

स्थानिय चुनाव मे कहि एकेले त कहि गठबन्धन मे उमेदवारी देहले बा । कलैया उपमहानगरपालिका के नेपाली काग्रेस से मेयर पद मे राजेश राय यादव जनता समाजवादी पार्टी से उपमेयर मे प्रमोद गुप्ता गठबन्धन मे उम्मेदवारी दर्ता करावले बा निर्वाचन अधिकारी के कार्यालय कलैया के सूचना अधिकारी इन्द्र कुमार योङहाङ जनकारी करावले बानी ।

यादव कलैया उपमहानगरपालिका के मेयर आ गुप्ता संविधान सभा सदस्य भईल रहनी । लोसपा से मेयर मे ज्यप्रकाश साह नेकपा एमाले से मेयर मे विनोद साह, उपमेयर मे रौशन प्रवीन उमेदवारी करावले बा । कलैया उपमहानगरपालिका के मेयर पद मे आठ जने उपमेयर मे सात जने के उमेदवारी परल बा ।

जितपुरसिमरा उपमहानगरपालिका मे नेकपा माओवादी के मेयर पद मे राजन पौडेल आ उपमेयर मे नेपाली काग्रेस से मेघा शाही गठबन्धन के ओर से मन्वयन करावले बा । नेकपा एमाले से मेयर मे सरस्वती चौधरी उपमेयर मे भोला अधिकारी उमेदवारी दर्ता करावले बा ।

चौधरी उपमेयर आ अधिकारी सिमरा गाविस के पूर्व अध्यक्ष रहल बानी । जितपुरसिमरा उपमहानगरपालीका के मेयर खातिर नव जने आ उपमेयर के नव जने उमेदवारी दर्ता करावले बा निर्वाचन अधिकृत के कार्यालय जनकारी करावले बा ।

१६ पालिका मे अबेर तक उमेदवारी दर्ता करावे के काम भईला से पुर्ण विवरण आवेनासकल मुख्य निर्वाचन अधिकृत के कार्यालय जनकारी करावले बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।