ठाकुरराम बहुमुखी क्याम्पस के कर्मचारीद्धारा विरोध प्रदर्शन

वीरगंज ०३ सावन

वीरगंज स्थित ठाकुरराम बहुमुखी क्याम्पस मे बुध के दिने कर्मचारीलोग बिरोध प्रदर्शन करत धर्ना देहले बाडन ।

अस्थायी कर्मचारी के स्थायी करेके आ कर्मचारी के मिलत आईल प्रोत्साहन भत्ता खारेज करेके त्रिभुवन विश्वविद्यालय के निर्णय फिर्ता लेवेके माग राखके क्याम्पस मे कार्यरत कर्मचारीलोग बुध के दिने प्रदर्शन करत एक घण्टा धर्ना देहले बाडन ।

त्रिवि बाम–प्रजातान्त्रिक कर्मचारी संघर्ष समिति के अगुवाइ मे भईल प्रदर्शन आ धर्ना मे क्याम्पस मे कार्यरत सभी कर्मचारीलोग के सहभागीता रहल रहे । प्रदर्शन आ धर्ना मे त्रिवि प्रजातन्त्रवादी कर्मचारी संघ के केन्द्रिय उपाध्यक्ष गुंजन सिंह, संघ के ठाकुरराम बहुमुखी क्याम्पस के इकाई अध्यक्ष गीता श्रेष्ठ, सचिव मनोहर कुमार साह, सल्लाहकार मुजतुबा अंसारी, राष्ट्रिय कर्मचारी संघ के केन्द्रीय सदस्य राजू केसी लगायत के सहभागीता रहल रहे ।

खुदसब के दु सुत्रीय माग त्रिभुवन विश्वविद्यालय से पुरा ना करे तक चरणबद्ध आन्दोलन जारी रहेके त्रिवि प्रजातन्त्रवादी कर्मचारी संघ के ठाकुरराम बहुमुखी क्याम्पस के इकाई सचिव मनोहर साह बतवनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।